Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Deoria News: जातियन पऽ टिप्पणी वाला राज्यमंत्री के तथाकथित ऑडियो प्रसारित, देले सफाई, बोलले- सोचल समझल साजिश हऽ

389
Google Ads 300*250 for posts

Deoria News: उत्‍तर-प्रदेश के देवरिया में एगो हैरान करे वाला मामला सामने आइल बा। इहाँ इंटरनेट मीडिया पs शुक के दु गो ऑडियो प्रसारित भइल। एमें ग्राम्य विकास राज्यमंत्री आ सलेमपुर विधायक विजयलक्ष्मी गौतम जाति पs टिप्‍पणी कर रहल बाड़ी। हालांकि उऽ कहली कि तथाकथित ऑडियो के साथे हमार नांव जोड़ के प्रसारित कइल जा रहल बा उऽ AI से तइयार कइल गइल बा। ई छवि के धूमिल करे के सोचल समझल साजिश हऽ।

इंटरनेट मीडिया पs शुक के दु गो ऑडियो प्रसारित भइल। एकरा मे ग्राम्य विकास राज्यमंत्री आ सलेमपुर विधायक विजयलक्ष्मी गौतम के बताया जा रहल बा। पहिलका ऑडियो में बनिया, मुसलमान, ब्राह्मण आ यादव पs टिप्पणी कइल गइल बा।

दूसरका ऑडियो में मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ आ गोरखपुर सांसद रवि किशन के चर्चा बा। विजयलक्ष्मी एकरा के आर्टिफिशियल इंटेलिजेंस के मदद से तइयार फर्जी ऑडियो बतवली। दु मिनट 39 सेकंड के पहिला ऑडियो लोकसभा चुनाव से पहले के लागऽता।

दूसरका ऑडियो में बजट आवंटन में पारदर्शिता ना होखे से संबंधित बात कइल गइल बा। राज्यमंत्रीयो इंटरनेटमीडिया के माध्यम से आपन पक्ष रखले बाड़े। फेसबुक अकाउंट पs उऽ लिखले कि जवना तथाकथित ऑडियो के साथे हमार नांव जोड़कर प्रसारित कइल जा रहल बा, उऽ आर्टिफिशियल इंटेलिजेंस से तैयार कइल गइल बा। ई प्रदेश सरकार के छवि के धूमिल करे के सोचल समझल साजिश हऽ।

आगे कहले कि ई काम जिला में सक्रिय गिरोह के हऽ। कोतवाली पुलिस में शिकायत कइल गइल बा। ऑडियो भा एकरा से जुड़ल कवनो ऑडियो कहीं पोस्ट भइल तऽ हमरा के भा पुलिस के सूचना दी। कोतवाल के कहनाम बा कि मामला के जांच करावल जा रहल बा।

869340cookie-checkDeoria News: जातियन पऽ टिप्पणी वाला राज्यमंत्री के तथाकथित ऑडियो प्रसारित, देले सफाई, बोलले- सोचल समझल साजिश हऽ

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.