केजरीवाल के जमानत मिलला के बाद AAP नेता में खुशी के लहर, आतिशी बोलली- सत्यमेव जयते; राघव चड्ढा कहले ई बात

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 20, 2024

दिल्ली के मंत्री आतिशी ट्वीट कऽ के खुशी जाहिर कइली आ कहली- सत्यमेव जयते। उहे आप के राज्यसभा सांसद डॉ. संदीप पाठक ट्वीट कइले- जाको राखे साइयाँ मारि न सके कोय। बाल न बाँका करि

Share

दिल्ली के मंत्री आतिशी ट्वीट कऽ के खुशी जाहिर कइली आ कहली- सत्यमेव जयते। उहे आप के राज्यसभा सांसद डॉ. संदीप पाठक ट्वीट कइले- जाको राखे साइयाँ मारि न सके कोय। बाल न बाँका करि सके जो जग बैरी होय॥ सत्यमेव जयते! राघव चड्ढा कहले- सत्य परेशान हो सकत बा बाकिर पराजित ना। न्याय के जीत हऽ सच्चाई के जीत हऽ।

दिल्ली के राऊज एवेन्यू कोर्ट सीएम अरविंद केजरीवाल के नियमित जमानत दे देले बिया। कोर्ट केजरीवाल के एक लाख रूपिया के निजी मुचलके के आधार पs जमानत दे देलस। ए तरे  उऽ एक बार फिर जेल से बाहर आ जइहें। बता दी, पिछला महीना सुप्रीम कोर्ट केजरीवाल के लोकसभा चुनाव खातिर अंतरिम जमानत देले रहे। उहे, उनका नियमित जमानत मिलला के बाद आप नेता लो में खुशी के लहर दउड़ गइल बा।

के मंत्री आतिशी ट्वीट कऽ के खुशी जाहिर कइली आ कहली- सत्यमेव जयते। उहे आप के राज्यसभा सांसद डॉ. संदीप पाठक ट्वीट कइले- जाको राखे साइयाँ मारि न सके कोय। बाल न बाँका करि सके जो जग बैरी होय॥ सत्यमेव जयते! राघव चड्ढा कहले- सत्य परेशान हो सकत बा बाकिर पराजित ना। न्याय के जीत हऽ सच्चाई के जीत हऽ। अरविंद केजरीवाल जी के बेल देवे खातिर माननीय न्यायालय के दिल से धन्यवाद।

संजय सिंह जतवले खुशी

उहे आप सांसद संजयो सिंह एकरा के सत्य के जीत बतवले। उऽ कहले- अइसन समय में अरविंद केजरीवाल जी के जेल से बाहर आवल लोकतंत्र के मजबूत करे वाला बा। ई देश आ दिल्ली के लोगन खातिर बढ़िया खबर बा। ED के अब तक के बयान झूठ पs आधारित रहे। ई केजरीवाल जी के फंसावे खातिर बनावल गइल एगो बेबुनियाद फ़र्ज़ी मामला बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.