Deoria News: राज्य मंत्री के निरीक्षण में अधीक्षक समेत तीन डॉक्टरन के आवास पs मिलल ताला, जतवली नाराजगी
सलेमपुर : राज्य मंत्री विजय लक्ष्मी गौतम मंगल के देर रात सामुदायिक स्वास्थ्य केंद्र के औचक निरीक्षण कईली। इमरजेंसी आ महिला वार्ड के साथे कैंपस में डाक्टरन खातिर आवंटित रहे के जगह देखनी। अधीक्षक समेत तीन डॉक्टर के कमरा में ताला देख के नाराजगी जतवले। एही बीच केहु बतवलस कि जवना डाक्टरन के आवास आवंटित कइल गइल बा। ओहमें से एगो के छोड़ के रात में एहिजा कवनो डाक्टर ना रुकेला जबकि रहे के कमी के चलते जिला मुख्यालय से एगो महिला डाक्टर आवत-जात रहेले। ई सुन के राज्यमंत्री खिसिया के सीएमओ के फोन क के लेडी डाक्टर के तुरंत रहे के व्यवस्था करावे के कहले।
सामुदायिक स्वास्थ्य केंद्र में डॉक्टरिंग के मनमानी के लगातार शिकायत के बाद मंगलवार के देर रात राज्य मंत्री अचानक निरीक्षण कईले। कैंपस में टहलत घरी इमरजेंसी में ड्यूटी पs मौजूद डॉ. अरुण कुमार, मुख्य फार्मासिस्ट पीएन सिंह आ वार्ड बॉय धीरज दुबे राज्य मंत्री के अस्पताल में उतरत देख के अपना कमरा में पहुंचले। राज्य मंत्री ड्यूटी चार्ट के मांग कईले। जांच के बाद महिला वार्ड के दौरा कईले। ए दौरान महिला वार्ड में एएनएम उर्मिला बईठल मिलल, जबकि ड्यूटी पs मौजूद बाकी स्टाफ नर्स मौजूद ना रहली। जानकारी मिलला के करीब आधा घंटा बाद ड्यूटी पs मौजूद बाकी स्टाफ नर्स पहुंचली। एकरा संगे उ डॉक्टर के आवास के निरीक्षण कईले। एहमें डॉ. राजेश कुमार के आवास के छोड़ के सीएचसी के अधीक्षक डॉ. अतुल कुमार, डॉ. नरेंद्र मोहन, डॉ. अजीत कुमार के आवास पs ताला लागल मिलल। एकरा संगे कुछ मरीज एगो आवास के बहरी भटकत देखाई देले। जब उ पूछताछ कईले त उहाँ मौजूद लोग बतवले कि नयका प्राथमिक स्वास्थ्य केंद्र मझौलीराज के मेडिकल ऑफिसर डॉ. आलोक कुमार के आवास ह। पीएचसी में सरकारी आवास बा लेकिन उहाँ ना रहेला। उ निजी प्रैक्टिस खातिर सीएससी कैंपस में रहेले। एकर शिकायत कई बेर भईल बा, लेकिन विभाग ए लोग के खिलाफ कवनो कार्रवाई नईखे करत। जबकि महिला डॉ. हर्षिता श्रीवास्तव रहे के कमी के चलते देवरिया से आवत रहेली। जनता के बात सुनला के बाद राज्यमंत्री सीएमओ से बात कईले। उ दोसरा जगहा तैनात डॉक्टर अवुरी बाकी कर्मचारी से आवास खाली क के इहाँ के कर्मचारी के आवास के व्यवस्था करे के कहले। साथ ही तुरंत Gynae सर्जन डॉ. हर्षिता श्रीवास्तव के आवास देवे के कहल गईल। एह दौरान नगर पंचायत अध्यक्ष श्रीराम यादव, राजीव मिश्रा, सदस्य शाहबाज आलम, अवधेश यादव, मुन्ना आदि मौजूद रहे।
Comments are closed.