Delhi Terror Alert : दिल्ली में आतंकी हमला के अलर्ट, लाल किला के लगे धमाका के साजिश रच रहल बा लश्कर-ए-तैयबा

Share

नई दिल्ली। राजधानी दिल्ली में आतंकी हमला के अलर्ट जारी भइल बा। सुरक्षा एजेंसियन के इनपुट मिलल बा कि आतंकी संगठन लश्कर-ए-तैयबा लाल किला के सामने धमाका करे के साजिश रच रहल बा।

अलर्ट मिलतही दिल्ली पुलिस हरकत में आ गइल बिया आ लाल किला, मंदिरन आ भीड़भाड़ वाला इलाकन के आसपास सुरक्षा कड़ा कs दिहल गइल बा। खासकर चांदनी चौक इलाका आ ओहिजा मवजूद धार्मिक स्थलन पs खास नजर रखल जा रहल बा।

सूत्रन के मोताबिक, इनपुट मिलल बा कि दिल्ली में आतंकी खतरा बा। एह इनपुट के बाद सनिचर के दिन दिल्ली के ऐतिहासिक आ धार्मिक जगहन पs सुरक्षा बढ़ा दिहल गइल। लाल किला हाई-सिक्योरिटी जोन हs आ एगो बड़ टूरिस्ट जगह, एह चलते ओह इलाका में खास चौकसी बरतल जा रहल बा।

मंदिरन पs खतरा के आशंका

खुफिया एजेंसी बतवलस कि आतंकी संगठन कथित तौर पs दिल्ली के खास धार्मिक जगहन के आपन निशाना बना सकेला। चांदनी चौक इलाका में इस्थित एगो मंदिर संभावित टारगेट हो सकेला। इनपुट के जांच-पड़ताल आ आकलन कइल जा रहल बा आ एह दौरान संवेदनशील जगहन पs अतिरिक्त फोर्स तैनात कइल गइल बा।

सुरक्षा एजेंसी इहो चेतावनी देलस कि आतंकी इम्प्रोवाइज्ड एक्सप्लोसिव डिवाइस (IED) के इस्तेमाल कs सकेलें सs। सूत्र बतवलस कि ई साजिश पाकिस्तान के इस्लामाबाद में 6 फरवरी के मस्जिद धमाका के बदला से जुड़ल हो सकेला।

पूरा तरे अलर्ट मोड में एजेंसी

दिल्ली पुलिस आ जांच एजेंसी मिलके संयुक्त रूप से अलर्ट मोड में बाड़ी सs। सीसीटीवी से निगरानी बढ़ा दिहल गइल बा, गाड़ियन के सघन चेकिंग हो रहल बा आ कमजोर जगहन पs अतिरिक्त पुलिसकर्मियन के तैनात कइल गइल बा। बम डिस्पोजल स्क्वॉड, डॉग स्क्वॉड आ क्विक रिएक्शन टीमन के स्टैंडबाय पs रखल गइल बा।

गौर करे लायक बा कि पिछिला साल 10 नवंबर 2025 के लाल किला मेट्रो स्टेशन लगे आतंकी ब्लास्ट भइल रहे, जवना में 10 से जादे लोगन के जान गइल रहे आ 25 से अधिक लोग घायल भइल रहे। ओह घटना के जांच में आतंकी कनेक्शन सामने आइल रहे।

Read Also: T20 World Cup : सुपर-आठ के रोमांच आज से सुरू, पाकिस्तानी स्पिन बनाम न्यूजीलैंड के बल्लेबाजी के अग्निपरीक्षा

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-