Delhi-NCR Rain: यमुना में उफान से दिल्ली में बाढ़ के खतरा, गुरुग्राम में वर्क फ्रॉम होम के एडवाइजरी जारी

Share

नई दिल्ली। भारी बरखा आ हथनी कुंड बैराज से पानी छोड़ल गइला से दिल्ली एनसीआर के कई गो इलाकन में बाढ़ के संकट गहरा गइल बा। यमुना नदी में जलस्तर बढ़ला से आज माने मंगर सांझ के पुरनका लोहा पुल बंद कs दिहलऽ जाई। प्रशासन लोगन से घर से संभल के निकले के सलाह देले बा।

ओने, दिल्ली से सटल गुरुग्राम में सोमार के भइल बरखा से सड़क तालाब बन गइल। दिल्ली-जयपुर हाईवे पऽ 18 किलोमीटर से लमहर जाम लाग गइल ।भारी बरखा के मद्देनजर प्रशासन एडवाइजरी जारी कइलस ।

डीसी आ जिला आपदा प्रबंधन प्राधिकरण के अध्यक्ष अजय कुमार गुरुग्राम के सब कॉरपोरेट आ प्राइवेट दफ्तरन से कर्मचारियन के वर्क फ्रॉम होम के सुविधा देवे के अपील कइलें। संगही सब स्कूलन के दू सितंबर के ऑनलाइन कक्षा चलावे के निर्देश जारी कइल गइल।

आज सांझ के बंद हो जाई लोहा पुल

यमुना नदी के जलस्तर आज 206 मीटर पहुंच जाई। सुबह सात बजे तक जलस्तर 205.75 मीटर बा। 206 से जादे पहुंचतही पुरनका लोहा पुल पऽ वाहनन के आवागमन बंद कइल जाई। जिला आपदा प्रबंधन प्राधिकरण शाहदरा मंगर के सांझ पांच बजे से रेलवे लोहा पुल के बंद करे के आदेस देले बा।

” कवनो इस्थिति से निपटे खातिर पहिलही से व्यापक तइयारी कs लिहल गइल। सरकार नागरिकन के सुरक्षा के खातिर तत्पर बिया। हर घंटा के रिपोर्ट लिहल जा रहल बा आ फिलहाल इस्थिति नियंत्रण में बा। बाढ़ से जुड़ल कवनो तरे के समस्या अइला पऽ तुरंत एक्शन लिहल जाई।” – रेखा गुप्ता, मुख्यमंत्री

Read Also: Deoria News : देवरिया में किन्नर आरपीएफ इंस्पेक्टर के सदर रेलवे स्टेशन पऽ दउड़ाके पीटले सs, वीडियो वायरल

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-