Delhi Election: ‘हमला करे वाला BJP कार्यकर्तन के होखे गिरफ्तारी’, केजरीवाल EC के पत्र लिख के रखले ई 4 मांग

अरविंद केजरीवाल और मुख्य चुनाव आयुक्त राजीव कुमार

Share

नई दिल्ली विधानसभा में आम आदमी पार्टी (आप) कार्यकर्तन पs हमला के लेके अरविंद केजरीवाल मुख्य चुनाव आयुक्त के चिट्ठी लिखले बाड़ें। चिट्ठी में केजरीवाल आप कार्यकर्तन पs भइल कइयन गो हमलन के जिकिर कइलें। केजरीवाल चिट्ठी में मांग रखले बाड़ें कि नई दिल्ली विधानसभा में स्वतंत्र पर्यवेक्षक नियुक्त कइल जाव। चुनाव आयोग AAP कार्यकर्तन के सुरक्षा सुनिश्चित करे। अइसन घटनन खातिर जिम्मेदार पुलिसवालन के तुरंत सस्पेंड कइल जाव आ और हमला करे वालस भाजपा कार्यकर्तन के तुरंत गिरफ्तार कइल जाव।

दिल्ली चुनाव में भाजपा खुलेआम गुंडागर्दी कs रहल बिया: केजरीवाल

आम आदमी पार्टी के कार्यकर्तन पs हमला के लेके अरविंद केजरीवाल भाजपा पs बड़ आरोप लगवलें। केजरीवाल कहलें कि दिल्ली में आम आदमी पार्टी के आंधी चल रहल बा आ एह आंधी में भाजपा बुरा तरे से हार रहल बिया। आपन हार के सामने देख अमित शाह आ बीजेपी बौखला के दिल्ली में गुंडागर्दी मचा देले बा लाे। अमित शाह दिल्ली पुलिस के निरदेस देले बाड़ें देलें कि भाजपा के गुंडन के खिलाफ कवनाे एक्शन ना लिहल जाई। 

गुंडागर्दी का वीडियो बना सोशल मीडिया पर पोस्ट करे जनता: केजरीवाल

लोगन से अपील करत केजरीवाल कहलें कि रउआ लोग दिल्ली में कहियों गुंडागर्दी होत देखीं, ओकर रउआ लोग वीडियो बना लीं बाकिsर एह दौरान खुद के सुरक्षित रखीं। एकरा बाद रउआ लोग ओकरा के सोशल मीडिया पs पोस्ट कs दीं। अब पूरा दिल्ली भाजपा के गुंडागर्दी के खिलाफ एकजुट होई।

एह गुंडागर्दी के खिलाफ एकजुट होखे के होई: केजरीवाल

आम आदमी पार्टी (आप) के राष्ट्रीय संयोजक अरविंद केजरीवाल कहलें, “जइसे-जइसे दिन बीतत जा रहल बा, भाजपा के सीट कम होत जा रहल बा आ AAP ऐतिहासिक जीत के ओर बढ़ रहल बिया। एहिसे, पूरा भाजपा घबराइल बिया। लोगन पs ओकरा गुंडन द्वारा हमला कइल जा रहल बा आ ओह लोगन के पीटल जा रहल बा। पुलिस के कवनो कार्रवाई ना करे के निरदेस दिहल गइल बा। दिल्ली के लोग अइसन चुनाव कबाे नइखे देखलें। हम दिल्ली के लोगन से अपील करत बानी कि हमनी के एह गुंडागर्दी के खिलाफ एकजुट होखे के होई। दिल्ली एकरा के बर्दाश्त नइखे कर सकत। हमनी के आज एगो हैशटैग लॉन्च कs रहल बा। एह हैशटैग के इस्तेमाल कs के, जदि रउआ संगे कवनो दुर्व्यवहार, हमला भा कुछ होत बा तs ओकरा के सोशल मीडिया पs पोस्ट करीं।”

Read Also: New IDF Chief: इस्राइली PM नेतन्याहू मेजर जनरल इयाल जमीर के बनवलें सेना प्रमुख, मार्च में संभरिहें पदभार

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-