[the_ad_group id="30365"]

Paschim Champaran: जनसुराज के जिला संगठन के भइल विस्तार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बेतिया (अनूप कुमार पटेल)। जनसुराज पार्टी के जिला प्रभारी डाॅ. बनसीम के ओर से आवे वाला बिहार विधान सभा चुनाव के तइयारी के मजबूती प्रदान करे खातिर पश्चिम चंपारण जिला संगठन के विस्तार कइल गइल। नया विस्तारित संगठन में पश्चिम चंपारण जिला के जनसूराज पार्टी के संंगठन के मजबूत करे खातिर पश्चिमी चंपारण के चार संगठन क्रमशः बेतिया, बगहा, नरकटियागंज तथा वाल्मीकिनगर के रूप में विभाजित कs के संगठन पदाधिकारियन के घोषणा कइल गइल।

एमे वाल्मिकी नगर संगठन के जिला पदाधिकारी धनेश्वर यादव, महासचिव मैनेजर शर्मा, महिला अध्यक्ष गीता देवी, मुख्य प्रवक्ता सुरेश गुप्ता, नरकटियागंज संगठन जिला अध्यक्ष अखिलेश्वर प्रसाद झुन्नू, महासचिव शमशाद अली, महिला अध्यक्ष रीना देवी, मुख्य प्रवक्ता गेयासुद्दीन शेख, बगहा संगठन के जिला अध्यक्ष कामरान अजीज, महासचिव काशी बैठा, महिला अध्यक्ष आशा देवी, मुख्य प्रवक्ता विनोद प्रसाद, ओहिजा बेतिया संगठन जिला अध्यक्ष मुन्ना पासवान, महासचिव जवाहिर मुखिया, महिला अध्यक्ष नीतू शाही, युवा अध्यक्ष गौरव मिश्रा, महानगर अध्यक्ष प्रेम दुबे, युवा अध्यक्ष जल्लालुद्दीन, सचिव ई. वेद अख्तर के जिम्मेदारी दिहल गइलl

मुख्य संगठन के जिला अध्यक्ष अजाज हुसैन

जबकि जिला पश्चिम चंपारण के मुख्य संगठन के जिला अध्यक्ष अजाज हुसैन, जिला महासचिव सचिंद्र पांडेय, महिला अध्यक्ष मधु देवी, संयोजक कृष्ण बिंद जिला युवा अध्यक्ष राजकिशोर चौधरी, किसान अध्यक्ष रविकांत चौरसिया और जिला के मुख्य प्रवक्ता ई. सिकंदर चंद्रा/प्रसाद के बनावल गइलl ओहिजा, मुख्य अतिथि जिला प्रभारी डाॅ. मंजर नसीम के कार्यालय प्रभारी अरविंद मिश्रा अंग वस्त्र देके सम्मानित कइलें l पूर्व जिला अध्यक्ष कृष्ण बिंद, संयोजक कुंदन पांडेय, स्मिता चौरसिया, नेत्री मीरा झा, युवा ऊर्जावान धीरज तिवारी, प्रदेश महासचिव नंदकिशोर कुशवाहा नया संगठन पदाधिकारियन सुभकामना देत कहलें कि नया संगठन के नेतृत्व में सब सीट जीता के जनसुराज के मजबूत करी लाे l

Read Also: डीडीयू के फाइन आर्ट्स के संस्थापक आचार्य KN MATHUR के नागरिक समाज देलस श्रद्धांजलि

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]