दिल्ली मेट्रो के ब्लू लाइन पs केबल चोरी के मामला सोझा आईल बा। जानकारी के मुताबिक दिल्ली मेट्रो के ब्लू लाइन पs स्थित मोती नगर अवुरी कीर्ति नगर के बीच के केबल चोरी हो गईल बा अवुरी एकरा चलते इहाँ मेट्रो सेवा बाधित हो गईल बा। डीएमआरसी सोशल मीडिया पs एगो पोस्ट शेयर कs के इs जानकारी देले बिया।
बता दीं कि ब्लू लाइन दिल्ली के द्वारका के नोएडा आ गाजियाबाद के वेशाली से जोड़त बिया. डीएमआरसी ट्विटर पs पोस्ट कईलस कि मोती नगर अवुरी कीर्ति नगर के बीच केबल चोरी के घटना सोझा आईल बा अवुरी एकर समाधान रात में ही हो सकता जब मेट्रो के परिचालन के समय खतम हो जाई।
Blue Line Update
— Delhi Metro Rail Corporation (@OfficialDMRC) December 5, 2024
The cable theft issue on the Blue Line between Moti Nagar and Kirti Nagar will be rectified only after the end of operational hours in the night.
Since the trains will operate on restricted speed on the affected section during the day, there would be some…
एह दौरान प्रभावित इलाका में सभ मेट्रो ट्रेन सीमित गति से चली अवुरी एकरा चलते दिन भर लोग के समस्या के सामना करे के पड़ सकता। अयीसना में डीएमआरसी लोग से कहलस कि उs लोग एकरा के ध्यान में राखत यात्रा के योजना बनाई।
इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: गर्दन के समस्या से बानी परेसान, तs रोजे करीं इs Exercise