Delhi Red Fort Blast : धमाका खातिर जुटवले रह सs 20 लाख रुपिय, पईसा के लेके आतंकियन में भइल झगड़ा; दिल्ली ब्लास्ट केस में नया खुलासा

NIA reveals 20 lakh funding and money dispute among terrorists in Delhi blast case

Share

नई दिल्ली। दिल्ली में लाल किला मेट्रो के लगे भइल कार धमाका के ममिला में अब एगो नया खुलासा भइल बा। NIA के जांच में पता चलल बा कि विस्फोट से पहिले डॉ. उमर मोहम्मद सिग्नल ऐप पs एगो ग्रुप बनवले रहे, जवना में चार लोगन के जोड़ले रहे।

एह ग्रुप के मकसद धमाका के तइयारी कs रहल बा। जांच एजेंसी के मोताबिक आरोपी डॉ. मुजम्मिल, डॉ. अदील, उमर मोहम्मद आ शाहीन आपस में मिलके लगभग 20 लाख रुपिय नकद जुटवले रहलें सs। ई रकम उमर के सउपल गइल रहे, जवना के जिम्मेदारी IED (इम्प्रोवाइज्ड एक्सप्लोसिव डिवाइस) बनावे के रहे।

उमर बाद में गुरुग्राम, नूंह आ आसपास के इलाका से IED बनावे खातिर करीब 3 लाख रुपिया के 20 क्विंटल से जादे NPK खाद किनले रहे। ई खाद विस्फोटक बनावे में इस्तेमाल होखे वाला प्रमुख सामान होला। बाकिर बाद में डॉ. उमर मोहम्मद आ डॉ. मुजम्मिल के बीच पईसा लेके विवाद हो गइल।

6 दिसंबर के धमाका करे के प्लान बनल रहे

जांच में इहो सामने आइल बा कि विस्फोटक से भरल कार चलावत रहे डॉ. उमर नबी, आ ऊ 6 दिसंबर के बाबरी मस्जिद विध्वंस के बरसी के मौका पs हमला करे के योजना बनवले रहे।

एह बात के पुष्टि NIA के अधिकारी आ PTI के रिपोर्ट से भइल बा। आठ गो गिरफ्तार आरोपियन से पूछताछ आ ओकनी के परिवार, दोस्त आ पड़ोसी से बात करे के बाद एह पूरा साजिश के खुलासा भइल बा। एह जांच में अब कइयन गो नया सुराग मिलल बा, जवन दिल्ली ब्लास्ट केस के मंसूबा आ आतंकियन के नेटवर्क के उजागर करत बा।

Read Also: Bihar Exit Polls : 11 एग्जिट पोल में NDA के बन रहल बा सरकार, एगो में कांटा के टक्कर के अंदाजा

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-