Bihar Exit Polls : 11 एग्जिट पोल में NDA के बन रहल बा सरकार, एगो में कांटा के टक्कर के अंदाजा

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 13, 2025

पटना। बिहार विधानसभा के 243 सीटन पs चुनाव खातिर दुनो चरण में मतदान हो चुकल बा। पहिला चरण के वोटिंग 6 नवंबर के आ दुसरका चरण के 11 नवंबर के भइल। अब लोग नतीजा के

Share

Bihar exit polls 2025 show NDA leading in most surveys, tight contest predicted by Axis My India

पटना। बिहार विधानसभा के 243 सीटन पs चुनाव खातिर दुनो चरण में मतदान हो चुकल बा। पहिला चरण के वोटिंग 6 नवंबर के आ दुसरका चरण के 11 नवंबर के भइल। अब लोग नतीजा के इंतजार में बा, जवन 14 नवंबर के आई। एह बीच एग्जिट पोल के नतीजा सामने आ गइल बा, आ जादेजर सर्वे में NDA के सरकार बनत लउकत बिया।

मतदान के बाद निकलल मैट्रिज, पी मार्क, जेवीसी पोल, पीपल्स पल्स, पीपल्स इनसाइड, चाणक्य स्ट्रैटजीज आ NDTV पोल ऑफ पोल्स के रिपोर्ट में एनडीए के दोबारा सत्ता में आवे के संकेत मिलल बा।

बाकी 11 एग्जिट पोल से उलट, एक्सिस माई इंडिया के अनुमान बा कि बिहार में एनडीए बहुमत से तनिका पीछे रह जाई। रिपोर्ट में कहल गइल बा कि एनडीए के 121 से 140 सीट, महागठबंधन के 98 से 118 सीट आ प्रशांत किशोर के जन सुराज पार्टी के 0 से 2 सीट मिल सकेला।

243 सीट वाला बिहार विधानसभा में बहुमत के आंकड़ा 122 बा। एक्सिस माई इंडिया के हिसाब से एनडीए के एगो सीट कम रह सकेला। ओने राजद आ कांग्रेस वाला महागठबंधन के 118 सीट तक मिल सकेला, जवन ओकरा के बहुमत के नजदीक पहुंचा दी।

वोट शेयर के हिसाब से मुकाबला टाइट बा। पोल के मोताबिक एनडीए के 43% आ महागठबंधन के 41% वोट मिले के अनुमान बा- माने खाली 2 प्रतिशत के फासला।

जदि एक्सिस माई इंडिया के अनुमान सही निकलल, तs बिहार के नतीजा ओतना साफ ना रही जेतना बाकी 11 पोल बता रहल बा। कइयन गो पोल जइसे कि सीएनएक्स में तs एनडीए के 150 से 170 सीट तक दे दिहल गइल बा, जवन दू-तिहाई बहुमत से जादे बा।

हालांकि, एग्जिट पोल हमेशा सही ना निकलेला। तेजस्वी यादव कहलें कि “एग्जिट पोल जनता के असली फैसला ना बतावेला। बिहार में महागठबंधन के सरकार बनत बा।” 2020 में कइन गो एग्जिट पोल गलत साबित भइल रहे।

अबकि बेर पोलस्टर के हिसाब से आरजेडी के 67-76 सीट, जदयू के 56-62 सीट, भाजपा के 50-56 सीट आ कांग्रेस के 17-21 सीट मिल सकेला।

अगर ई आंकड़ा सही रहल, तs ई साफ रही कि जदयू पिछला बेर के 4़3 सीट से ऊपर जाई, जबकि भाजपा 2020 के मुकाबले कइयन गो सीट गंवा सकेले।

आउर सर्वेक्षण

  • “वोट वाइब” आ “सीएनएक्स” के रिपोर्ट में एनडीए के साफ बहुमत देखावल गइल बा।
  • वोट वाइब के मोताबिक एनडीए के 125-145 सीट, महागठबंधन के 95-115 आ जन सुराज के 0-2 सीट मिल सकेला।
  • सीएनएक्स एक डेग आगे बढ़के एनडीए के 150-170 सीट आ महागठबंधन के 70-90 सीट दे रहल बा।

Read Also: Ramvichar Pandey Passe Away : बलिया के अंतिम स्वतंत्रता सेनानी रामविचार पांडेय के निधन : भाजपा नेता आ स्थानीय लोग दिहल श्रद्धांजलि

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.