Bihar Election 2025 Counting : एनडीए बहुमत के तरफ, महागठबंधन पीछे

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 14, 2025

पटना।  बिहार विधानसभा चुनाव 2025 में जबरदस्त वोटिंग के बाद अब आज नतीजा निकल रहल बा। एकरा से ई साफ हो जाई कि बिहार में आखिरकार सरकार केकर बनी। कुल 243 सीट में सरकार बनावे

Share

Bihar exit polls 2025 show NDA leading in most surveys, tight contest predicted by Axis My India

पटना।  बिहार विधानसभा चुनाव 2025 में जबरदस्त वोटिंग के बाद अब आज नतीजा निकल रहल बा। एकरा से ई साफ हो जाई कि बिहार में आखिरकार सरकार केकर बनी। कुल 243 सीट में सरकार बनावे खातिर 122 सीट के जरूरत बा। वोटन के गिनती सुरू हो गइल बा आ रुझान लगातार बाहर आ रहल बा।

रुझानन में NDA के बढ़त, बीजेपी सबसे बड़ दल

ताजा रुझान में बीजेपी NDA के सबसे बड़ पार्टी बनल दिख रहल बिया। मोकामा से अनंत सिंह आ छपरा से खेसारी लाल यादव आगे चलत बा लाेग।

के-के लड़ रहल बा चुनाव?

NDA पक्ष:

  • बीजेपी – 101 सीट
  • जदयू – 101 सीट
  • LJP (रामविलास) – 29 सीट
  • RLM (उपेंद्र कुशवाहा) – 6 सीट
  • हम (जीतन राम मांझी) – 6 सीट

महागठबंधन (MGB) पक्ष:

  • RJD – 143 सीट
  • कांग्रेस – 61 सीट
  • वाम दल – 30 सीट
  • VIP – 9 सीट

कइयन जगहन पs महागठबंधन में फ्रेंडली फाइट बा- बाचैनपुर, करगहर, नरकटियागंज, सिकंदरा, कहलगांव आ सुल्तानगंज वगैरह में।

कवन-कवन सीट पs सबसे जादे नजर?

  • महुआ से तेजप्रताप यादव
  • अलीनगर से मैथिली ठाकुर
  • मोकामा से अनंत सिंह
  • छपरा से खेसारी लाल यादव
  • राघोपुर से तेजस्वी यादव
  • तारापुर से सम्राट चौधरी
  • लखीसराय से विजय सिन्हा
  • जनसुराज पार्टी (PK) के प्रदर्शन पs सब केहू के नजर

Read Also: IND vs SA : “कवनो मुकाबला नइखे…” ध्रुव जुरैल के ऋषभ पंत संगे तुलना पs दिल छू लेवे वाला बयान

Tags:

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.