दिल्ली में आज फेर AQI@400, हाइब्रिड मोड में स्कूल क्लास, जानीं कवन इलाक़ा के हवा में केतना जहर

Delhi Air Pollution

Share

 

 

जइसहीं जाड़ा के मौसम आवेला, दिल्ली के ही हवा में साँस लिहल मुश्किल हो जाला। शहर के जलवायु में घुलल जहर सांस के माध्यम से मनुष्य के शरीर ले पहुंचेला अवुरी एकर स्वास्थ्य पs नकारात्मक प्रभाव पड़ेला। इहे कारन बा कि आजकल दिल्ली में लोग के सांस के समस्या के सामना सामान्य से जादा करे के पड़ता। अबकी बेर फेरु दिल्ली के जहरीला हवा जनता के परेशानी के कारन बन गईल बा। दिल्ली में प्रदूषण के स्थिति खराब बनल बा। दिल्ली में आजु सबेरे औसत एक्यूआई 396 दर्ज भइल बा. एकरा से कुछ दिन पहिले दिल्ली में एक्यूआई खतरनाक स्तर पs पहुंच गईल रहे। जवना के वजह से कई गो सख्त रोक लगावे के पड़ल|

दिल्ली-एनसीआर में कक्षा ‘हाइब्रिड’ मोड में चलावल जाई

सीएक्यूएम मंगल से दिल्ली-एनसीआर के स्कूल में हाइब्रिड मोड में कक्षा चलावे के अनुमति दे देले बा। एकरा संगे सुप्रीम कोर्ट आयोग से कहले रहे कि शैक्षणिक संस्थान के संबंध में ग्रैप-4 के प्रतिबंध में ढील दिहल जाए। आयोग के आदेश में कहल गईल बा कि दिल्ली-एनसीआर में राज्य सरकार इs सुनिश्चित करी कि जहां भी जरूरी सुविधा उपलब्ध बा, 12वीं तक के सभ कक्षा के ‘हाइब्रिड’ मोड में चलावे के चाही यानी फिजिकल कक्षा के संगे ऑनलाइन विकल्प भी होखे के चाही. स्कूल आवे के बा कि ऑनलाइन क्लास करे के बा, इs अभिभावक अवुरी छात्र पs छोड़ दिहल बा।

दिल्ली सरकार के सुप्रीम कोर्ट के फटकार

एकरा से पहिले दिल्ली में ग्रैप 4 के प्रतिबंध लागू होखला के बाद 12वीं ले के सभ क्लास ऑनलाइन होखत रहे। आयोग आजु अपना आदेश में कहलस कि एनसीआर क्षेत्र के संबंधित राज्य सरकारन अपना जगहा हाइब्रिड मोड में कक्षा चलावे पs विचार कs सकेली सँ. प्रदूषण के मामला के सुनवाई सोमार के सुप्रीम कोर्ट में भईल। सुनवाई में कोर्ट दिल्ली के आप सरकार के डांटत एक्यूआई के आंकड़ा मंगलस। दिल्ली-एनसीआर में ग्रैप-4 फिलहाल लागू रही। सुप्रीम कोर्ट एs मामला में अगिला सुनवाई 28 नवंबर बियफ़ें के तय कs देले बिया।

 

 

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-