फेर से महाराष्ट्र के DGP बनिहें रश्मि शुक्ला, सरकार जारी कइलस आदेश

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 26, 2024

    महाराष्ट्र में विधानसभा चुनाव पूरा हो गइल बा. चुनाव खतम भइला के बाद राज्य में सरकार बनावे के कोशिश तेज हो गइल बा आ बइठक के दौर चलत बा. एही बीच महाराष्ट्र सरकार

Share

रश्मि शुक्ला

 

 

महाराष्ट्र में विधानसभा चुनाव पूरा हो गइल बा. चुनाव खतम भइला के बाद राज्य में सरकार बनावे के कोशिश तेज हो गइल बा आ बइठक के दौर चलत बा. एही बीच महाराष्ट्र सरकार के गृह विभाग एक बेर फेर रश्मि शुक्ला के महाराष्ट्र के डीजीपी के पदभार संभाले के आदेश जारी कs दिहले बा। चूंकि अब विधानसभा चुनाव पूरा हो गइल बा आ आचार संहिता खतम हो गइल बा एहसे रश्मि शुक्ला एक बेर फेरू राज्य सरकार के आदेश पs महाराष्ट्र के डीजीपी के पद सम्हार सकेली. रश्मि शुक्ला जल्दिए संजय वर्मा से चार्ज ले लीहें.

चुनाव से पहिले हटा दिहल गइल रहे

बता दीं कि हाल के विधानसभा चुनाव के दौरान चुनाव आयोग महाराष्ट्र के डीजीपी के तबादला के आदेश देले रहे। एकरा बाद रश्मि शुक्ला के डीजीपी के पद से हटा दिहल गईल, उनुका जगह संजय वर्मा के महाराष्ट्र के डीजीपी के पद दिहल गईल। दरअसल, विपक्षी दल के शिकायत के बाद चुनाव आयोग मुख्य सचिव के निर्देश दिहलस कि रश्मि शुक्ला के जगह कैडर के अगिला वरिष्ठ आईपीएस अधिकारी के पद पs नियुक्त कईल जाए। एकरा बाद संजय वर्मा के डीजीपी के पद के प्रभार दिहल गईल। हालांकि अब आदेश जारी होखला के बाद रश्मि शुक्ला फेर से डीजीपी के पद के जिम्मा संभाल लीहे।

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.