मासूम के शव मिलल अपने घर में, मउत के मंजर देख कांप जाई रूह

Share

 

यूपी के मुजफ्फरनगर जिला में एगो निर्दोष बच्चा के लाश के मामला सोझा आईल बा। पांच साल के निर्दोष लईका के लाश उनुका खुद के घर में मिलल। एतने ना, चौंकावे वाला बात इs रहे कि लाश के लगे देवाल पs चिपकल कागज पs लिखल रहे कि, ‘अब आत्मा के शांति मिल गईल बा’। घटना के बारे में स्थानीय लोग पुलिस के जानकारी देले। एकरा बाद पुलिस कार्रवाई में आके मौका पs पहुंचल अवुरी मरेवाला बच्चा के लाश के पोस्टमार्टम खातीर भेज देलस। फिलहाल पुलिस के कहनाम बा कि मामला के जांच होखता। मौका से तंत्र-मंत्र के सामान भी बरामद भईल बा।

तंत्र विद्या के चलते हत्या के डर

समूचा घटना के बारे में एसपी सिटी सत्यनारायण प्रजापत बतवले कि खतौली कोतवाली थाना क्षेत्र के कैलावड़ा गांव में तेजपाल के 5 साल के बेटा ओमपाल के लाश घर में पड़ल मिलल पुलिस के सूचना मिलल बा। अपराध स्थल से मरेवाला के संगे कुछ सामग्री मिलल बा, जवना से लागता कि हत्या तंत्र विद्या के चलते भईल बा। एह हत्या में परिवार के कवनो सदस्य के हाथ होखे के भी आशंका बा। काहे कि बच्चा के लाश उनुका घर में मिलल बा। पुलिस पूरा मामला के जांच में व्यस्त बिया।

 

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-