[the_ad_group id="30365"]

पटना से मुंबई जा रहल ट्रेन में मिलल महिला के गटई कटल लाश, हाथ- गोड़ तुड़ के सूटकेश में कइले रहे पैक

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

 

 

उत्तर प्रदेश के मिर्जापुर जिला के चुनार रेलवे स्टेशन पs पटना से मुंबई जाए वाली मुंबई जनता एक्सप्रेस ट्रेन में लाल रंग के सूटकेस में एगो महिला के गटई कटल लाश मिलल। ट्रेन के यात्री बिना दावा के बैग के बारे में रेल पुलिस के जानकारी देले रहले। जब बैग खुलल तs सब लोग चौंक गईल।

बतावल जाता कि ट्रेन नंबर 13201 मुंबई जनता एक्सप्रेस अप में सवार यात्री रेल पुलिस के बिना दावा के बैग के जानकारी देले। यात्री पुलिस के बतवले कि जनरल कोच में लाल रंग के ट्रॉली बैग राखल रहे, जवना के दावा ना भईल रहे। कई गो स्टेशन से गुजरल बाकिर केहू नइखे लेत. जब जनता एक्सप्रेस सबेरे 7.05 बजे चुनार जंक्शन के प्लेटफार्म नंबर तीन पs पहुंचल, जवन कि अपना निर्धारित समय 5.05 बजे से दु घंटा देरी से पहुंचल तs सूचना पs आरपीएफ अवुरी जीआरपी के जवान ट्रॉली बैग खोलले तs एगो अज्ञात 30 साल के युवती मिलल. महिला के सर काटल लाश अर्ध नग्न हालत में मिलल बा।

अबे ले लाश के पहचान नईखे भईल

बतावल जाता कि मरेवाली महिला के हाथ में गोल्डन रंग के चूड़ी अवुरी गोड़ में पैर के अंगूठा के बिछिया रहे। अबे ले लाश के पहचान नईखे भईल। पुलिस के कहनाम बा कि फोरेंसिक टीम के भी मौका पs बोलावल गईल। लाश के पोस्टमार्टम खातीर भेज दिहल गईल बा। फिलहाल सीसीटीवी कैमरा के मदद से आरोपी के पहचान कईल जाता।

बतावल जाता कि महिला के हाथ-गोड़ टूड़ के एगो सूटकेस में पैक कs दिहल गईल रहे। महिला के देह प आधा कपड़ा रहे। लाश के ऊपर पन्नी लपेटल रहे। पुलिस के कहनाम बा कि बैग शौचालय के लगे राखल रहे।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]