DDU: कुलपति प्रो. पूनम टंडन राज्यपाल आनंदीबेन पटेल से कइली शिष्टाचार भेंट

Anurag Ranjan

गोरखपुर : दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय के कुलपति प्रो. पूनम टंडन लखनऊ इस्थित राजभवन में उत्तर प्रदेश के राज्यपाल आ विश्वविद्यालय के कुलाधिपति आनंदीबेन पटेल से शिष्टाचार भेंट कइली।

एह अवसर पs कुलपति प्रो. टंडन विश्वविद्यालय के हीरक जयंती (75वां स्थापना दिवस) के उपलक्ष्य में जारी विशेष स्मारक सिक्का आ डाक टिकट महामहिम के भेंट कइली। ई स्मृति चिह्न विश्वविद्यालय के शैक्षणिक उपलब्धियन आ इतिहास के दरसावत बा।

शिष्टाचार भेंट के दौरान महामहिम विश्वविद्यालय के शैक्षणिक गुणवत्ता, शोध विकास आ नवाचार योजनन के सराहना कइलें। ऊ भावी योजनन के प्रभावी क्रियान्वयन खातिर महत्वपूर्ण सुझाव आ मार्गदर्शन प्रदान कइलें।

कुलपति प्रो. टंडन विश्वविद्यालय में चल रहल सुधारात्मक प्रयासन आ राष्ट्रीय शिक्षा नीति के सफल क्रियान्वयन से संबंधित पहलुअन के विस्तृत जानकारी महामहिम के देली।

Read Also: NEET UG 2025: त्रिस्तरीय निगरानी में नीट-यूजी के परीक्षा आज, फर्जीवाड़ा पs सख्ती; हाई अलर्ट पs राज्य सरकार

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।
Leave a Comment