DDU: गोरखपुर विश्वविद्यालय करी रक्षा आ अर्धसैनिक बलन खातिर विशेष परीक्षा के आयोजन- भारत-पाक संघर्ष के बीच लिहल गइल सराहनीय निर्णय

By Anurag Ranjan

Published on: May 10, 2025

गोरखपुर: भारत-पाक संघर्ष के दौरान राष्ट्र के सेवा कs रहल विद्यार्थियन के शैक्षणिक हितन के रक्षा खातिर, दीन दयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय (डीडीयूजीयू) रक्षा बलन आ अर्धसैनिक बलन के कार्मिकन खातिर विशेष परीक्षा आयोजित करे

Share

DDU

गोरखपुर: भारत-पाक संघर्ष के दौरान राष्ट्र के सेवा कs रहल विद्यार्थियन के शैक्षणिक हितन के रक्षा खातिर, दीन दयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय (डीडीयूजीयू) रक्षा बलन आ अर्धसैनिक बलन के कार्मिकन खातिर विशेष परीक्षा आयोजित करे के घोषणा कइले बा। ई निर्णय विश्वविद्यालय के कुलपति, प्रो. पूनम टंडन के मार्गदर्शन में लिहल गइल बा, ताकि देस के सेवा कs रहल विद्यार्थियन के पढ़ाई बाधित ना होखे।

प्रो. पूनम टंडन कहली, “हमनी के वीर सैनिक आ अर्धसैनिक बलन के जवान देस के रक्षा में तैनात बा लोग। अइसन कठिन समय में हमनी के नैतिक आ शैक्षणिक दायित्व बनत बा कि हमनी के ओह लोगन के संगे खड़ा रहीं सs ओह लोगन के शिक्षा के निरंतर बना के रखीं सs। डीडीयूजीयू अपना वर्दीधारी विद्यार्थियन के संगे पूर्णतः प्रतिबद्ध बा।”

विश्वविद्यालय ई स्वीकार कइले बा कि ओकर कइयन गो विद्यार्थी वर्तमान में भारतीय सेना, नौसेना, वायुसेना, केंद्रीय रिजर्व पुलिस बल (सीआरपीएफ), सीमा सुरक्षा बल (बीएसएफ) आ आउर अर्धसैनिक सेवा में सक्रिय रूप से सेवा दे रहल बा लो। एह विद्यार्थियन के तैनाती के धेयान में रखत, ऊ नियमित परीक्षा में सम्मिलित नइखे हो सकत लोग। एहिसे, ओह लोगन खातिर विशेष परीक्षा आयोजित कइल जाई, जवन ओह लोगन के उपलब्धता के अनुसार समयबद्ध होई।

विशेष परीक्षा के तिथि आ आउर विवरण जल्दिये परीक्षा नियंत्रक द्वारा घोषित कइल जाई। पात्र विद्यार्थी अपना विभागन से संपर्क में रहला के संगे विश्वविद्यालय के आधिकारिक वेबसाइट https://ddugu.ac.in पs नवीनतम जानकारी प्राप्त करत रहे लाेग।

Read Also: Virat Kohli: रोहित के बाद का कोहली टेस्ट से लिहें संन्यास? रिपोर्ट में दावा- BCCI फेर से सोचे के कहलस

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.