DDU : गरबा के रंग में सराबोर भइल विश्वविद्यालय प्रांगण, आठ दिवसीय गरबा प्रशिक्षण कार्यशाला के भइल समापन

Share

गोरखपुर। दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय (DDU), गोरखपुर के सांस्कृतिक प्रकोष्ठ तरंग के ओर से सोमार के सांझ क्रीड़ा परिसर में गरबा महोत्सव के आयोजन कइल गइल। एकरा पहिले प्रोफेसर उषा सिंह के निर्देशन में आठ दिवसीय गरबा प्रशिक्षण कार्यशाला आयोजित भइल रहे, जवना में विश्वविद्यालय के छात्र-छात्रा आ बाहर के समाज के छात्र-छात्रा हिस्सा लेले रहे लाेग।

गरबा महोत्सव के उद्घाटन विश्वविद्यालय के कुलपति प्रोफेसर पूनम टंडन आ मुख्य अतिथि, शहर के प्रथम नागरिक मेयर डॉ मंगलेश कुमार श्रीवास्तव के करकमल से भइल। सुभारंभ कलश स्थापना आ दीप प्रज्ज्वलन के संगे भइल। विश्वविद्यालय के शिक्षक परिवार एह कार्यक्रम में खूब संख्या में सामिल भइल लोग।

कुलपति आयोजक टीम के ढेर सारा सुभकामना देली आ कहली कि प्रो. ऊषा सिंह आ तरंग टीम बधाई के पात्र बिया। ऊ कहली कि कलश-दीप स्थापना के खास महत्व बा। नवरात्र पर्व शक्ति के आराधना के परब हs, जवना में शक्ति के पूजन कs के मनुष्य अपना लक्ष्य के प्राप्ति खातिर प्रेरित होला। एह कार्यक्रम से छात्र-छात्रा के व्यक्तित्व विकास में मदद मिलेला।

मेयर डॉ. मंगलेश श्रीवास्तव कहलें कि विश्वविद्यालय में ई एह नया परंपरा के स्थापना खातिर कुलपति आ निदेशक प्रो. ऊषा सिंह के बधाई। ऊ कहलें कि ई आयोजन भारतीय सांस्कृतिक विविधता में एकता के प्रतीक हs। गुजरात से सुरू भइल गरबा आज पूरा देस में आपन धाक जमा चुकल बा। एह कार्यक्रम में प्रतिभाग कs के छात्र-छात्रा आपन ऊर्जा के सही दिशा में इस्तेमाल कs सकेला लोग।

सह-निदेशक डॉ. आमोद कुमार राय कहलें कि छात्र-छात्रा लोगन के एह कार्यक्रम के खाली मनोरंजन के नजरिया से नइखे देखे के, बलुक संस्कृति से जुड़ के ओकर सांस्कृतिक महत्व समझे के चाहीं। भारत उत्सवधर्मी देस हs आ ई उत्सव सामाजिक समरसता के प्रतीको हs।

कार्यक्रम में घनश्याम शाही के विशेष उपस्थिति रहल। ऊ अपना उद्बोधन में सांस्कृतिक आयोजन के महत्व पs प्रकाश डलले। महोत्सव के दौरान प्रश्नोत्तरी आ रैंप वॉक आयोजित भइल। कार्यक्रम के अंत में प्रो. ऊषा सिंह आ डॉ. गौरी शंकर चौहान आगंतुक अतिथियन के प्रति आभार व्यक्त कइल लोग।

एहि कार्यक्रम में अधिष्ठाता छात्र कल्याण प्रो. अनुभूति दुबे, प्रो. दिव्य रानी सिंह, प्रो. शांतनु रस्तोगी, प्रो. सुनीता मुर्मू, प्रो. उमा श्रीवास्तव, डॉ. टी एन सिंह, डॉ. सुनील, डॉ. गौरव सिंह सहित विश्वविद्यालय के कइयन गो शिक्षक मौजूद रहे लोग। साथ में डॉ. सत्य पांडेय आ चारू चौधरी उपस्थित रहे लोग।

Read Also: भारत के Arattai ऐप मचवलस धमाल, WhatsApp खतरा में, जानीं काहे नंबर 1 बन बइठल स्वदेशी मैसेजिंग ऐप

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
- Sponsored Ads-