Indigo : मुंबई से दिल्ली जा रहल इंडिगो फ्लाइट में बम के धमकी, एयरपोर्ट पे फुल इमरजेंसी

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 30, 2025

नई दिल्ली। मुंबई से दिल्ली जा रहल इंडिगो के एगो फ्लाइट के बम धमकी मिलल बा। फ्लाइट संख्या 6E 762 में लगभग 200 लोग सवार रहे आ सुरक्षा एजेंसियन के ई धमकी अस्पष्ट लागल। सूत्र

Share

नई दिल्ली। मुंबई से दिल्ली जा रहल इंडिगो के एगो फ्लाइट के बम धमकी मिलल बा। फ्लाइट संख्या 6E 762 में लगभग 200 लोग सवार रहे आ सुरक्षा एजेंसियन के ई धमकी अस्पष्ट लागल।

सूत्र बतावत बा लोग कि दिल्ली हवाई अड्डा पs फ्लाइट खातिर पूर्ण आपातकाल घोषित कs दिहल गइल गइल। फ्लाइट ट्रैकिंग वेबसाइट Flightradar24.com के जानकारी अनुसार, एयरबस A321 नियो विमान से चलावल गइल ई फ्लाइट लगभग सबेर 7:53 बजे उतरल।

इंडिगो का कहलस?

इंडिगो के प्रवक्ता एह घटना पs प्रतिक्रिया देत कहलें:

“30 सितंबर 2025 के मुंबई से दिल्ली जाये वाली इंडिगो फ्लाइट 6E 762 में सुरक्षा संबंधी खतरा देखल गइल। स्थापित प्रोटोकॉल के पालन करत, हमनी के तुरंत संबंधित अधिकारी लोग के सूचित कइनी सs आ विमान के परिचालन खातिर मंजूरी देवे से पहिले जरूरी सुरक्षा जांच में ओह लोगन के पूरा सहजोग कइनी।”

एह घटना के बाद हवाई अड्डा आ सुरक्षा एजेंसी सतर्क हो गइल बा आ यात्री लोगन के सुरक्षा के पूरा ध्यान राखल जा रहल बा।

Read Also: DDU : गरबा के रंग में सराबोर भइल विश्वविद्यालय प्रांगण, आठ दिवसीय गरबा प्रशिक्षण कार्यशाला के भइल समापन

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.