DDU Atheletics Meet: सामंजस्य, समन्वय आ समानता के मूल्य प्रतिष्ठित करेला खेलकूद : प्रो. पूनम टंडन

Anurag Ranjan
DDU Atheletics Meet: वार्षिक एथलेटिक मीट के स्मारिका के विमोचनो भइल, जेकर संपादन डॉ. मनीष कुमार पांडेय कइले बाड़ें।

DDU Atheletics Meet: दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय आ संबद्ध महाविद्यालयन के वार्षिक खेल आयोजन के विधिवत आउर भव्य सुभारंभ मंगर के कुलपति प्रोफेसर पूनम टंडन कइली। कुल 22 टीम मार्च पास्ट कs के कुलपति के सलामी देली सs। 26वीं वाहिनी पीएसी बैंड मार्च पास्ट धुन बजाके समारोह के गरिमा प्रदान कइलस। एमे लगभग 400 खिलाड़ी प्रतिभागी के रूप में उपस्थित रहलें। बता दीं कि एमे खिलाड़ियन के संख्या के लिहाज से सबसे बड़ टीम के रूप में 45 खिलाड़ियन के संगे गोरखपुर विश्वविद्यालय आ सबसे छोट टीम के रूप में पांच खिलाड़ियन के संगे नवल्स डिग्री कॉलेज के टीम रहल।

DDU Atheletics Meet: खेलकूद सहज आ स्वस्थ जिनगी के मूर्त दर्शन हs

एह अवसर पs कुलपति प्रोफेसर पूनम टंडन अपना संदेश में कहली कि अपना आ और पराया के भेद के मिटावे वाला खेलकूद सहज आ स्वस्थ जिनगी के मूर्त दर्शन हs। खेल के मैदान ना खाली खिलाड़ियन बलुक दर्शकनों के सनेस देला कि असहमतियन के बावजूद सुंदर सृजन कइल जा सकत बा। खेलकूद सामंजस्य, समन्वय, समानता के मूल्य प्रतिष्ठित करेला। खेल विविधता में एकता के मूल्य के प्रतिष्ठित करेला। खेल जीत के स्थापित महत्व के बादो हार के स्वीकार कइला के संगही ओकर गरिमा के रक्षा करे के सिखावेला। उम्मेद बा कि एह तीन दिन के वार्षिक एथलेटिक मीट के खिलाड़ी आ दर्शक बखूबी आनंद लिही लो।
NAZARIA| नजरिया | MADDHIM | PARITOSH TRIPATHI| ARUNA GIRI | PRATIMA YOGI |YAYAWARI VIA BHOJPURI |

क्रीडा परिषद के अध्यक्ष प्रोफेसर विमलेश कुमार मिश्रा कहलें कि अनघा खुसी के अवसर पs हमरा एह बात के संशयो बा कि जवना कर्तव्यनिष्ठ, उत्साही आ दूरदर्शी सोच वाला पूर्व अध्यक्षन के प्रयास से क्रीड़ा परिषद, जवना ऊंचाई पs पहुंचल बा, ओकरा के ओहि रूप में बना के रखे आ ओकरा गौरव के आगे बढ़ावे में हमनी के कहां तक सफल होखेम सs! ई साल हमनी सभे खातिर अपेक्षाकृत जादे महत्वपूर्ण बा, काहेकि ई हमनी के विश्वविद्यालय के स्थापना के 75 वां बरिस हs।

DDU Atheletics Meet: वार्षिक एथलेटिक मीट के स्मारिका के भइल विमोचन

इस अवसर पर कुलपति के नेतृत्व में वार्षिक एथलेटिक मीट के स्मारिका के विमोचनो भइल, जेकर संपादन डॉ. मनीष कुमार पांडेय कइले बाड़ें। उद्घाटन सत्र के संचालन डॉ. मनीष कुमार पांडे कइलें।

DDU Atheletics Meet:
DDU Atheletics Meet:

एह वार्षिक मीट के पर्यवेक्षक पूर्वोत्तर रेलवे के एथलेटिक प्रशिक्षक विनोद कुमार सिंह आ मुख्य रेफरी मोहम्मद अख्तर हवे। एकरा संगही उद्घोषणा आ टेक्निकल टेबल के जिम्मेदारी डॉ.अभिनव सिंह, डॉ. विकास सोनकर, डॉ.अखिल मिश्र आ पुनीत श्रीवास्तव निभावल लो।

एह अवसर पs प्रमुख रूप से प्रतिकुलपति प्रो. शांतनु रस्तोगी, प्रो.राजवंत राव, प्रो. रजनीकांत पाण्डेय, प्रो. उमेश नाथ त्रिपाठी, प्रो. जितेंद्र मिश्र, प्रो.सुधीर श्रीवास्तव, प्रो. विजय कुमार श्रीवास्तव, प्रो. करुणाकर राम त्रिपाठी, प्रो. हर्ष कुमार सिन्हा, प्रो. अनुभूति दुबे, प्रो. दिव्या रानी सिंह, प्रो.आलोक गोयल, प्रो. विजय चहल, प्रो.प्रत्यूष दुबे, राजवीर डॉ राजवीर सिंह सहित विश्वविद्यालय के अधिकांश शिक्षक आ कर्मचारियन के संगे बड़ संख्या में खेल प्रेमी विद्यार्थी इत्यादि उपस्थित रहल लो।

DDU Atheletics Meet: पहिला दिन के परिणाम

क्रम संख्याप्रतियोगितासमय/दूरीपहला स्थानसमय/दूरीदूसरा स्थानसमय/दूरीतीसरा स्थान
1.800 मीटर (पुरुष)02:05:02दिनेश कुमार02:06:03उमेश साहनी02:09:16सुनील कुमार
2.800 मीटर (महिला)02:33:37पूनम निशाद02:42:12पूजा पटेल03:09:84शिव प्रिया यादव
3.गोला फेंक
(पुरुष)
10.44रितेश यादव9.84सत्यम राय8.98रितेश यादव
4.गोला फेंक
(महिला)
7.33अंजली सिंह7.02बिंदू गुप्ता6.38नेहा यादव
5.लांग जम्प
(महिला)
4.01रिंकी भारती4.00निशा मौर्या3.81शाहजहां खातून
6.200 मीटर (पुरुष)0:22:75संजीव0:23:94उमा शंकर यादव0:24:09अमित गुप्ता
7.200 मीटर (महिला)0:25:91मौसमी राय0:26:56रिया सिंह गौतम0:36:06काेमल शर्मा
8.5000 मीटर (पुरुष)16:00:47रोहित कुमार16:01:78राम अशरेया महाराज 16:35:79प्रिंस
9.5000 मीटर (महिला)17:11:19रंजना राजपूत20:27:59खुशबु निशाद21:20:70काजल पासवान
10.लांग जम्प
(महिला)
6.33अभिषेक यादव6.21राहुल पासवान5.74शिवम

Read Also: Gorakhpur News: धर्मदेव सिंह आतुर के गीतन में बा अद्भुत चित्रात्मकता: प्रो. अनिल राय

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव [email protected] पs मेल करीं।
Leave a Comment