Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

मणिपुर में फेर हिंसा भड़कल, जिरीबाम में 3 के मौत: इंफाल में मणिपुर राइफल्स हेडक्वार्टर पs भीड़ के हमला

199
Google Ads 300*250 for posts

मणिपुर में सनीचर (7 सितंबर) के एक बेर फेर हिंसा भड़क उठल बा। जिरीबाम जिला में आज सबेरे बंदूकधारी एगो बुजुर्ग के सुतला में माथा में गोली मारके हत्या कs देलस। जिरीबाम के ही पहाड़ी इलाका में दुगो समुदायन के बीच गोलीबारी भइल। एमे दु लोगन के जान चल गइल।

दूसरका ओर, इंफाल वेस्ट आ इंफाल ईस्ट में देर रात भीड़ मणिपुर राइफल्स हेडक्वार्टर पs हमला कs देलस। गुस्साई भीड़ सुरक्षाबलन से हथियार छीनल चाहत रहे। पुलिस CRPF जवानन के संगे मिलके जवाबी कार्रवाई कइलस। ऊ पैलेट गन से कइयन राउंड फायरिंग कइलस। मॉक बम आ आंसू गैस के गोला दगलस।

सुरक्षाबलन आ भीड़ के बीच रात भर संघर्ष चलल। पांच लोगन के घायल होखे के खबर बा। ऊ JNIMS अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा। अभी ले हथियार भा गोला-बारूद लूटल गइला के कवनो पुष्टि नइखे भइल। हालांकि, दुनो जगहन पs हिंसा में मृतकन आ घायलन के संख्या बढ़ सकत बा।

राज्य में तनाव के देखत सब स्कूल-कॉलेजन के बंद कs दिहल गइल बा। कमेटी ऑन मणिपुर इंटीग्रिटी (COCOMI) कानून-बेवस्था लागू करे में सरकार के विफलता के विरोध में काम बंद करे आ जनता कर्फ्यू के आह्वान कइले बा। इंफाल में सबेरे से सब दुकान बंद बाड़ी सs। सड़क आ बाजार सुनसान पड़ल बा।

एक दिन पहिले पूर्व CM के घर पs रॉकेट से हमला भइल, 1 के जान गइल

मणिपुर के बिष्णुपुर जिला इस्थित मोइरांग में सुक (6 सितंबर) के पूर्व मुख्यमंत्री मैरेम्बम कोइरेंग के घर पs हमला भइल रहे। ​​​​​​​कुकी उग्रवादी दुपहरिया तीन बजे पूर्व सीएम के घर पs रॉकेट बम फेंकले रहलें सs। एह हमलो में एगो एक बुजुर्ग के मौत हो गइल, जबकि पांच लोग घायल हो गइल।

कांग्रेस नेता मैरेम्बम कोइरेंग राज्य के पहिला मुख्यमंत्री रह चुकल बा। ऊ 1963 से 1967, 1967 में 200 दिन आ 1968 में तीन बेर मणिपुर के मुख्यमंत्री रह चुकल बाड़ें। उनकर निधन 27 दिसंबर 1994 के हो चुकल बा।

एह घटना से कुछ घंटा पहिले मोइरांग से चार किमी दूर ट्रोंगलाओबी इलाका में रॉकेट बम से हमला भइल रहे। एमे दुगो इमारत क्षतिग्रस्त हो गइल रहे। मोइरांग में पहिला बेर बंदूक-बम से हमला भइल बा।

साभार: दैनिक भास्कर

951700cookie-checkमणिपुर में फेर हिंसा भड़कल, जिरीबाम में 3 के मौत: इंफाल में मणिपुर राइफल्स हेडक्वार्टर पs भीड़ के हमला

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.