UP Sthapna Diwas : “उत्तर प्रदेश के ज्ञान, विज्ञान आ आर्थिक विकास के केंद्र बने के होई”

Share

गोरखपुर। डीएवी पीजी कॉलेज, गोरखपुर में राष्ट्रीय सेवा योजना (एनएसएस) के ओर से सनिचर के ‘उत्तर प्रदेश स्थापना दिवस’ मनावल गइल। एह अवसर पs एगो संगोष्ठी के आयोजन कइल गइल, जवना में स्वयंसेवक उत्तर प्रदेश के विकास में नवहन के भूमिका आ प्रदेश के सामने खड़ा मवजूदा चुनौतियन जइसन विषयन पs आपन-आपन विचार रखल लाेग।

संगोष्ठी में स्वयंसेवक आदर्श सिंह उत्तर प्रदेश के ऐतिहासिक आ भौगोलिक परिवेश पs विस्तार से आपन बात रखलें। ओह क्रम में स्वयंसेविका श्रद्धा उत्तर प्रदेश के सांस्कृतिक आ धार्मिक महत्व पs प्रकाश डललें। एह आयोजन के मुख्य वक्ता राष्ट्रीय सेवा योजना के कार्यक्रम अधिकारी डॉ. शत्रुघ्न सिंह रहलें। ऊ नवहन के भूमिका के रेखांकित करत कहलें कि नवहा लोग विकसित उत्तर प्रदेश के नेव रखे वाला बा। संगोष्ठी के पहिला सत्र के धन्यवाद ज्ञापन स्वयंसेविका मरियम कइली।

संगोष्ठी के दूसरका सत्र में राष्ट्रीय मतदाता दिवस के पूर्व संध्या पs मतदाता जागरूकता विषय पs राजनीति शास्त्र के सहायक आचार्य डॉ. रागिनी दीक्षित के व्याख्यान भइल। ओह में ऊ बतवली कि सफल लोकतंत्र खातिर मतदाता के जागरूकता बहुते जरूरी शर्त बा। एह मवका पs स्वयंसेवक रामनरेश मतदान के महत्ता पs काव्यपाठ कइलें, जबकि स्वयंसेविका मरियम एगो प्रेरणादायक गीत प्रस्तुत कइली। एह सत्र के धन्यवाद ज्ञापन स्वयंसेवक अनमोल कइलें।

एकरा से पहिले संगोष्ठी के रूपरेखा प्रस्तुत करत राष्ट्रीय सेवा योजना के कार्यक्रम अधिकारी प्रतिभा गुप्ता सब उपस्थित लोगन के मतदाता जागरूकता शपथ दिलवलीं आ संगोष्ठी के संयोजन आ संचालन कइली।

एह अवसर पर महाविद्यालय के वरिष्ठ शिक्षक प्रो. प्रवीण सिन्हा, डॉ. पूनम पांडेय, डॉ. संजय कुमार पांडेय, शिवम, विश्वदीपक समेत कई शिक्षकगण आ श्रेया गुंजन, आयुष, उमरा, अभिषेक, रिद्धिमा सहित ढरे विद्यार्थी मवजूद रहे लाेग।

Read Also: UP Diwas : यूपी दिवस पs सीएम योगी के बधाई सनेस: बोललें- नीतिगत उदासीनता के बेड़ी तोड़ के बेमारू से विकास के ग्रोथ इंजन बनल यूपी

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-