[the_ad_group id="30365"]

UP Diwas : यूपी दिवस पs सीएम योगी के बधाई सनेस: बोललें- नीतिगत उदासीनता के बेड़ी तोड़ के बेमारू से विकास के ग्रोथ इंजन बनल यूपी

CM Yogi Adityanath announcing mandatory singing of ‘Vande Mataram’ in all UP schools during Ekta Yatra in Gorakhpur
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

लखनऊ। उत्तर प्रदेश दिवस के अवसर पs मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ प्रदेशवासियन के हार्दिक बधाई देलें। सीएम योगी सोशल मीडिया पs पोस्ट करत लिखलें कि “उत्तर प्रदेश के हमार बहिन आ भाई, रउआ सभन के उत्तर प्रदेश दिवस के ढेरन सुभकामना।”

मुख्यमंत्री लिखलें कि असीम संभावना वाला हमार प्रदेश आज संघर्ष आ नीतिगत उदासीनता के बेड़ियन के तोड़त, बेमारू राज्य के छवि से बाहर निकल के आज भारत के विकास के ग्रोथ इंजन के रूप में उभर चुकल बा। उनका मोताबिक, आज उत्तर प्रदेश हर क्षेत्र में तेजी से आगे बढ़ रहल बा।

सीएम योगी आगे कहलें कि श्रीअयोध्या धाम के आस्था, मथुरा के महिमा आ काशी के कल्याणकारी दिव्यता से सुशोभित विरासत आ विकास के पुण्यभूमि उत्तर प्रदेश के 77वां स्थापना दिवस पs पूरा प्रदेशवासियन के हार्दिक बधाई आ सुभकामना।

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ कहलें कि प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के मार्गदर्शन में देस के ग्रोथ इंजन के रूप में उभर रहल ‘नया उत्तर प्रदेश’, आज ‘नए भारत’ के आर्थिक, सामाजिक आ सांस्कृतिक प्रगति के रास्ता देखावे वाला बन गइल बा।

अंत में सीएम योगी प्रदेशवासियन से आह्वान कइलें कि आईं, सब मिलके निवेश, नवाचार आ संस्कार के एह धरती के आत्मनिर्भरता के सर्वोच्च शिखर पs पहुंचावे के संकल्प लीं।

Read Also: Google Photos में आइल नया मीम फीचर, इहां जानीं टूल के इस्तेमाल के तरीका

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]