Bangladesh : एगो आउर हिंदू जुवक के जघन्य हत्या, गैराज में पेट्रोल डाल के जिंदा जरावल गइल

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 25, 2026

सेंट्रल डेस्क। बांग्लादेश में एक बेर फेर हिंदू समुदाय के जुवक के निर्मम हत्या के खबर सामने आइल बा। एह घटना में चंचल चंद्र भौमिक नाम के जुवक के पेट्रोल डाल के जिंदा जरा के

Share

Hindu youth Chanchal Chandra Bhowmik burnt alive in garage in Narsingdi Bangladesh

सेंट्रल डेस्क। बांग्लादेश में एक बेर फेर हिंदू समुदाय के जुवक के निर्मम हत्या के खबर सामने आइल बा। एह घटना में चंचल चंद्र भौमिक नाम के जुवक के पेट्रोल डाल के जिंदा जरा के मार दिहल गइल। चंचल नरसिंहदी इलाका के एगो गैराज में काम करत रहे आ ओहिजे सुतल रहल रहे। रात के समय कुछ अज्ञात लोग गैराज में पेट्रोल छिड़क के आग लगा देलस, जवना में चंचल के जिंदा जर के के दर्दनाक मौत हो गइल।

बांग्लादेश के वरिष्ठ पत्रकार सलाहउद्दीन शोएब चौधरी सोशल मीडिया पs एह घटना के जानकारी साझा करत बतवलें कि ई घटना सुक के रात के हs। ऊ लिखलें कि एकरा से पहिले मेमनसिंह में दीपू चंद्र दास, शरियातपुर में खोकन चंद्र दास आ अब नरसिंहदी में चंचल चंद्र भौमिक के जिंदा जराके मारल गइल बा। एह लगातार हो रहल घटनन से साफ पता चलत बा कि अल्पसंख्यक हिंदू लोग के निशाना बनावल जा रहल बा।

जानकारी के मोताबिक चंचल कोमिला जिला के लक्ष्मीपुर गांव के रहे वाला रहलें। पिता के निधन के बाद घर के पूरा जिम्मेदारी चंचल पs रहे। उनकर मां  बेमार रहेली आ एगो भाई दिव्यांग बा। चंचल बीतल छव बरिस से नरसिंहदी में रूबल मियां के गैराज में काम करत रहलें आ ओहिजा रहतो रहलें। स्थानीय लोग बतावत बा कि काम खत्म करे के बाद ऊ गैराजे में सुत गइल रहलें।

सीसीटीवी फुटेज में देखाइल कि देर रात एगो आदमी पेट्रोल डाल के आग लगावत बा आ बहुत देर तक उहवें खड़ा रहल। जब ओकरा यकीन हो गइल कि चंचल मर चुकल बा, तब ऊ भाग निकलल। चंचल के परिवार हत्या के आरोप लगवले बा आ स्थानीय लोगन के माने बा कि ई घटना धार्मिक नफरत के चलते भइल।

पिछिला कुछ महीना में बांग्लादेश में हिंदू अल्पसंख्यकन पs हिंसा के कइयन गो घटना सामने आइल बा। दीपू चंद्र दास, अमृत मंडल, लिटन चंद्र दास आ रिपन साहा जइसन ममिलन से डर आ असुरक्षा के माहौल बन गइल बा। एह घटना के बाद हिंदू संगठन आ आम लोगन में भारी आक्रोश आ भय देखे के मिल रहल बा।

Read Also: UP Sthapna Diwas : “उत्तर प्रदेश के ज्ञान, विज्ञान आ आर्थिक विकास के केंद्र बने के होई”

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.