Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

जयपुर जात बस रेलवे ट्रैक पs गिरल, 4 लोगन के मउत

राजस्थान बस दुर्घटना अपडेट : राजस्थान के दौसा में एनएच 21 प कलेक्टरेट के नजदीक एगो बस के रेलिंग टूट के कलेक्ट्रेट से गिर गईला पs चिल्लाहट भईल। एह हादसा में चार लोग के मउत हो गइल। बस रेल पटरी पs गिरला के बाद जयपुर-दिल्ली रेल लाइन पs रेल संचालन बंद हो । 

608
Google Ads 300*250 for posts

 

दौसा :राजस्थान के दौसा में 6-7 नवम्बर के सबेरे 2.30 बजे एगो भयानक दुर्घटना भईल। हरिद्वार से जयपुर जाए वाली बस कलेक्टरेट के लगे रेलिंग टूट के पुलिया से गिर गईल। बस जयपुर-दिल्ली रेल पटरी पर गिर गइल। एह हादसा में चार लोग के मउत हो गइल। मरेवाला में दु महिला भी शामिल बाड़ी। दूसर ओर जयपुर-दिल्ली रेल लाइन पs रेल पटरी पs बस गिरला के चलते ट्रेन के संचालन बंद हो गईल। बस के रेल पटरी पs गिरला के खबर मिलते प्रशासन में दहशत मच गईल। पुलिस अवुरी एम्बुलेंस गाड़ी जल्दी-जल्दी पहुॅचल । जिला के शीर्ष अधिकारी भी घटना स्थल खातिर रवाना हो गईले। कुछ समय के भीतर दौसा के डीएम कमर चौधरी समेत आला अधिकारी मउका पs पहुंच गईले।

जइसहीं रेलवे कंट्रोल रूम के एह हादसा के जानकारी मिलल त जयपुर-दिल्ली रेल लाइन के अप-डाउन ट्रैक पs ट्रेनन के संचालन तुरते रोक दिहल गइल। रेलवे के अधिकारी भी मउका पs पहुंचले। कोतवाली, सदर, जीआरपी, आरपीएफ समेत कई थाना के पुलिस मउका पs पहुंच के घाही लोग के बस से बाहर निकाल देलस। उ लोग घाही के पुलिस अवुरी एम्बुलेंस गाड़ी से अस्पताल भेज देले। इहाँ जब घाही लोग के लेके सायरन बजत कई गो गाड़ी अस्पताल पहुंचल तs इमरजेंसी यूनिट में हंगामा हो गईल। डॉक्टर दु महिला समेत कुल चार लोग के मृत घोषित कs देले। करीब 24 लोग के अस्पताल में भर्ती करावल गईल। एहमें से पांच लोग के गंभीर हालत के देखत ओह लोग के जयपुर रेफर क दिहल गइल।

 

 

 

 

674880cookie-checkजयपुर जात बस रेलवे ट्रैक पs गिरल, 4 लोगन के मउत

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.