Crude : होर्मुज तनाव के बीच कच्चा तेल के दाम में उछाल, ट्रंप के धमकी से ब्रेंट 110 डॉलर पार

Donald Trump

Share

सेंट्रल डेस्क। पश्चिम एशिया में बढ़त भू-राजनीतिक तनाव के चलते अतवार के दिन वैश्विक तेल के कीमतन में तेज बढ़न्ती देखे के मिलल। अमेरिका के राष्ट्रपति डोनाल्ड ट्रंप के ओर से ईरान के कड़ा चेतावनी देला के बाद बाजार में अनिश्चितता आउर बढ़ गइल।

अंतरराष्ट्रीय बेंचमार्क ब्रेंट क्रूड के कीमत 1.4% बढ़के 110.60 डॉलर प्रति बैरल पहुंच गइल, जबकि अमेरिकी क्रूड (WTI) 1.8% चढ़के 113.60 डॉलर प्रति बैरल पs बंद भइल।

ट्रंप के सख्त चेतावनी

रिपोर्ट के अनुसार, ट्रंप सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म Truth Social पs ईरान के चेतावनी देत कहलें कि जदि होर्मुज स्ट्रेट तुरंत ना खोलल गइल, तs अमेरिका ईरान के ऊर्जा ठिकानन पs हमला कs सकेला। ऊ अपना बयान में बहुते आक्रामक रुख देखवलें।

ईरान के जवाब

एकरा पs एगो वरिष्ठ ईरानी अधिकारी साफ कहलें कि मवजूदा हालात में होर्मुज स्ट्रेट ना खोलल जाई। उनकर कहनाम बा कि जब तक जंग से भइल नुकसान के भरपाई ना होई, तब तक रास्ता बंद रही।

कूटनीतिक कोसिस जारी

तनाव के बीच ओमान मध्यस्थता के पहल कइले बा। ओमान के बिदेस मंत्रालय बतवलस कि उनकर प्रतिनिधि ईरानी अधिकारी से मुलाकात कइलें, जवना में बेयपारिक जहाजन के आवाजाही बहाल कइला पs चरचा भइल।

ओपेक+ के उत्पादन बढ़ावे के फैसला

एही बीच, OPEC+ आउर सहजोगी देस वैश्विक सप्लाई इस्थिर रखे खातिर उत्पादन बढ़ावे के फैसला कइले बा।

सऊदी अरब, रूस, इराक, यूएई, कुवैत, कजाखस्तान, अल्जीरिया आउर ओमान सहित आठ देस मई 2026 से रोज 2.06 लाख बैरल उत्पादन बढ़ावे पs सहमत भइल बा।

देस अनुसार बढ़न्ती

  • सऊदी अरब अउरी रूस: 62-62 kbd
  • इराक: 26 kbd
  • यूएई: 18 kbd
  • कुवैत: 16 kbd
  • कजाखस्तान: 10 kbd
  • अल्जीरिया: 6 kbd
  • ओमान: 5 kbd

ओपेक+ के कहनाम बा कि ई डेग बाजार में संतुलन बनावे खातिर उठावल गइल बा।

आगे का हो सकेला?

विशेषज्ञन के मानीं तs जदि होर्मुज स्ट्रेट लमहर समय तक बंद रहल, तs वैश्विक सप्लाई चेन पs गंभीर असर पड़ सकेला, जवना से तेल के दाम आउर चढ़ सकेला। हालांकि, ओपेक+ के उत्पादन बढ़ावे के फैसला कुछ हद तक हालात के संतुलित करे में मदद कs सकेला।

Read Also: 06 अप्रिल 2026 के राशिफल

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
 
- Sponsored Ads-