गोरखपुर। गोरखपुर निवासी सीआरपीएफ जवान गोपालजी सिंह (46) के झारखंड के चाईबासा में परेड करत घरी हृदयगति रुकला से निधन हो गइल। घटना के बाद बटालियन के जवान गोपालजी के सदर अस्पताल ले गइल लोग, जहां डॉक्टर लोग उनका के मृत घोषित कs दिहल।
जवान लोग बतावल कि सबेरे कैंप में सब जवान परेड करत रहे लोग, तबे उनकर तबीयत अचानके बिगड़ गइल। जवना के बाद उनका के सदर अस्पताल ले आवल गइल। कागजी प्रक्रिया पूरा कइला के बाद शव के उनकर पैतृक गांव गोरखपुर (उत्तर प्रदेश) के बेलघाट के सिसवा बाबू गांव भेजे के तइयारी कइल जा रहल बा।
गोपालजी सिंह कुछ दिन से छुट्टी पs रहस। ऊ अपना बेटा के आईटीबीपी (इंडो तिब्बत बाॅर्डर पुलिस), दिल्ली में सब-इंस्पेक्टर के पद पs ज्वाइन कराके अतवार के चाईबासा लवटल रहस। सोमार से ऊ ड्यूटी सुरू कइले रहस। उनका मौत के खबर से सीआरपीएफ कैंप में सन्नाटा पसर गइल बा। गोपालजी सिंह के मौत के खबर उनका परिवार आ परिजनन के दे दिहल गइल बा। उनका पैतृक गांव में शोक के लहर बा।सीआरपीएफ के अधिकारी लोग उनका मौत पs शोक व्यक्त कइले बा लोग। उनका परिवार के हरसंभव मदद के आश्वासन दिहल गइल बा।
Read Also: 09 दिसंबर 2025 के राशिफल






