Gorakhpur: रवि किशन के डीएनए के जांच वाला अर्जी खारिज

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 27, 2024

  गोरखपुर से भाजपा सांसद आ उम्मीदवार रवि किशन शुक्ला के कोर्ट से बहुते राहत मिलल बा। मुंबई के दिंडोशी सत्र अदालत शिनोवा शुक्ला के ओर से दायर आवेदन के खारिज कs दिहलस, जवना में

Share

 

गोरखपुर से भाजपा सांसद आ उम्मीदवार रवि किशन शुक्ला के कोर्ट से बहुते राहत मिलल बा। मुंबई के दिंडोशी सत्र अदालत शिनोवा शुक्ला के ओर से दायर आवेदन के खारिज कs दिहलस, जवना में कहल गईल बा कि रवि किशन उनुकर जैविक पिता हवे। कोर्ट साफ-साफ कहले बिया कि प्रथम दृष्टया में अयीसन कवनो मामिला नईखे लउकत कि महिला के महतारी अवुरी रवि किशन के बीच कवनो पारिवारिक संबंध रहे। अब एह मामिला में अदालत सुनवाई के अगिला तारीख 23 जुलाई 2024 के तय कइले बिया।

लखनऊ में मीडिया के सोझा शिनोवा के महतारी अपर्णा ठाकुर भी अपना के रवि किशन के पत्नी अवुरी शिनोवा के बेटी बतवले रहली। एs मामिला में सांसद लखनऊ में अपर्णा के खिलाफ मानहानि के मामिला दर्ज करवले बाड़े। एs मामिला में शिनोवा कोर्ट से पितृत्व परीक्षण करावे के मांग कईले रहली। उs दावा कईले बिया कि रवि किशन उनुकर जैविक पिता हवे।

रवि किशन के प्रतिनिधि पवन दुबे बतवले कि 26 अप्रैल के मुंबई के डिंडोशी सत्र अदालत 25 साल के शिनोवा शुक्ला के डीएनए टेस्ट के याचिका के खारिज कs देले बिया। उs कहले कि इ सांसद के बदनाम करे के साजिश ह।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.