डॉ हरदेश्वर बनले जदयू के चिकित्सा सेवा प्रकोष्ठ के जिलाध्यक्ष

By Anurag Ranjan

Published on: May 24, 2022

रघुनाथपुर: जदयू के पूर्व जिला उपाध्यक्ष आ किसान प्रकोष्ट के जिलाध्यक्ष डॉ हरदेश्वर सिंह के जदयू के चिकित्सा सेवा प्रकोष्ठ के जिलाध्यक्ष मनोनीत कइल गइल बा। जेकरा बाद डॉ सिंह के बधाई देवे वालन के

Share

रघुनाथपुर: जदयू के पूर्व जिला उपाध्यक्ष आ किसान प्रकोष्ट के जिलाध्यक्ष डॉ हरदेश्वर सिंह के जदयू के चिकित्सा सेवा प्रकोष्ठ के जिलाध्यक्ष मनोनीत कइल गइल बा। जेकरा बाद डॉ सिंह के बधाई देवे वालन के तांता लाग गइल बा।

डॉ सिंह ने बतवले कि पार्टी आ संगठन हमरा के जवन कवनो जिम्मेवारी देलस हमेशा से हम पूरा निष्ठा आ  ईमानदारी से ओह जिम्मेदारी के निर्वहन कइले बानी। बतावत चलीं कि डॉ सिंह पिछिला 1995 से जदयू में सक्रिय रूप से कवनो ना कवनो जिम्मेदार पद पs रहल बाड़े। रघुनाथपुर जदयू के प्रखंड अध्यक्ष के पद पs लमहर समय तक रहे आला डॉक्टर सिंह बतवले कि पार्टी आ संगठन द्वारा दिहल गइल जिम्मेवारी के हम  पहिलहू ईमानदारी से निर्वहन करत बाड़े आ आगहु निर्वहन करत रहेम। आ पार्टी के नीतियन के जन जन ले पहुचावे के काम करेम। बतावल जा रहल बा  कि चिकित्सा सेवा प्रकोष्ठ के प्रदेश अध्यक्ष डॉक्टर एल बी सिंह सिवान जिला के डॉ हरदेश्वरसिंह के मनोनीत कइले बानी। एह दौरान कुल 41 लोगन के चिकित्सा सेवा प्रकोष्ठ के जिलाध्यक्ष मनोनीत कइल गइल बा।

बधाई देवे आलन में कृष्णा सिंह पटेल, पूर्व जिलाध्यक्ष इन्द्रदेव सिंह पटेल, मुर्तुज़ा अली कैसर, चंद्रकेतु सिंह, मीडिया प्रभारी निकेष चंद्र तिवारी, चुलबुल पाण्डेय, दिवाकर मिश्र, सीताराम पटेल, श्यामदेव पटेल, दिलीप राउत, महिपाल सिंह सहित आउर लोग के नाव शामिल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.