दहशत: यूपी के एह जिला में भेडिया से नाहीं, मगरमच्छ से मचल दहशत

मगरमच्छ से मचल दहशत: फोटो

Share

गोरखपुर के जगतबेला विकाश खंड जंगल कौड़िया इलाका के टिकरियां गाँव में शनिचर के रात एगो मगरमच्छ देखल गइल. लोग फोन में फोटो खिंच के वन विभाग से संपर्क कs के जानकारी देले। गाँव के लोग ओह खेत से होके आइल-जाइल बंद कs देले।

लोग सोचत रहे कि मगरमच्छ आवासीय क्षेत्र के ओर बढ़ल बा कि ना। जनता में दहशत मच गईल। एही बीच वन विभाग के टीम मौका पs जाके बगल के पोखरा के जांच कईलस तs भीतर मगरमच्छ मिलल। स्थानीय लोग बतवले कि वन विभाग से कहल जाता कि मगरमच्छ निकाल के पकड़ के ले जाए। बाकिर, तालाब के भीतर से मगरमच्छ के पकड़ के लेके जाए में वन विभाग दुविधा में लागल लउकल।

गाँव के लोग हाथ में लाठी आ तेज हथियार लेके मगरमच्छ के खोजत बाड़े.

 

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-