पुणे में अवैध मस्जिद आ मदरसा पs चलल बुलडोजर

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 30, 2024

पुणे में अवैध मस्जिद आ मदरसा पs चलल बुलडोजर       महाराष्ट्र से लेके हिमाचल ले अवैध मस्जिद के लेके हंगामा बढ़ रहल बा। अब पुणे के अवैध मस्जिद आ मदरसा पs बुलडोजर कार्रवाई

Share

पुणे में अवैध मस्जिद आ मदरसा पs चलल बुलडोजर : फोटो

पुणे में अवैध मस्जिद आ मदरसा पs चलल बुलडोजर

 

 

 

महाराष्ट्र से लेके हिमाचल ले अवैध मस्जिद के लेके हंगामा बढ़ रहल बा। अब पुणे के अवैध मस्जिद आ मदरसा पs बुलडोजर कार्रवाई हो गइल बा. महानगर निगम आधा रात के अवैध निर्माण के खिलाफ इs कार्रवाई कईले बा। नगर निगम के इs कार्रवाई हाईकोर्ट के आदेश के बाद भईल बा, जवना में कहल गईल रहे कि पुणे के पिंपरी चिंचवड़ के सभ अवैध धार्मिक स्थल के तोड़े के चाही।

महानगर निगम 6 महीना पहिले नोटिस भेजले रहे

छह महीना पहिले महानगर निगम भी अयीसन सभ अवैध तरीका से बनल धार्मिक स्थल पs नोटिस भेजले रहे, बाकिर एकरा के अनदेखी कईल गईल, जवना के बाद महानगर इs कार्रवाई कईलस। ओहिजा के मुसलमान मस्जिद आ मदरसा पs बुलडोजर कार्रवाई के पुरजोर विरोध करत बाड़े. काल्हु रात मुस्लिम समुदाय के बड़हन संख्या में लोग उनुका के बचावे खातिर ओहिजा चहुँप गइल. दूसर ओर हालात बिगड़े से रोके खातिर प्रशासन भारी संख्या में पुलिस बल के तैनाती कईले रहे। विरोध प्रदर्शन के दौरान पुलिस मुस्लिम समुदाय के कुछ जिम्मेदार नेता के भी हिरासत में ले लेलस, जेकरा के सबेरे 5 बजे छोड़ दिहल गईल।

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.