CP Radhakrishnan : एनडीए संसदीय दल के बैठक में राधाकृष्णन के स्वागत; पीएम मोदी विपक्ष से कइलें समर्थन के अपील

Share

सेंट्रल डेस्क। राष्ट्रीय जनतांत्रिक गठबंधन (राजग) के उपराष्ट्रपति पद के उम्मीदवार सीपी राधाकृष्णन के मंगर के सत्तारूढ़ दल के सांसदन के एगो बैठक में अभिनंदन कइल गइल। एह दौरान प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आ भाजपा के कइयन गो सहयोगियन सहित शीर्ष नेता राधाकृष्णन के स्वागत कइल लाे। प्रधानमंत्री मोदी सब नेता के खास कs के विपक्ष से राजग उम्मीदवार खातिर समर्थन मंगले। राधाकृष्णन बुध के आपन नामांकन दाखिल कs सकत बाड़ें।

लोकसभा आ राज्यसभा के सांसदन वाला निर्वाचक मंडल में भाजपा के नेतृत्व वाला एनडीए के लगे पर्याप्त बहुमत होखे के वजह से विपक्षी गठबंधन इंडिया के ओर से आपन उम्मीदवार उतारे आ चुनाव लड़े के संकेत मिलला के बादो राधाकृष्णन के जीत तय मानल जा रहल बा। वरिष्ठ भाजपा नेता राधाकृष्णन (67) वर्तमान में महाराष्ट्र के राज्यपाल बाड़ें। उ मूलत: तमिलनाडु से आवेलें।

प्रधानमंत्री मोदी करवलें परिचय

एनडीए संसदीय दल के बैठक के बाद केंद्रीय मंत्री किरेन रिजिजू कहलें, ‘उपराष्ट्रपति चुनाव खातिर एनडीए उम्मीदवार सीपी राधाकृष्णन के बैठक में परिचय करावल गइल। एनडीए के फ्लोर लीडर्स, सांसद  सीपी राधाकृष्णन के गर्मजोशी से स्वागत कइल लो, उनका के बधाई दिहल लो आ प्रधानमंत्री के आभार व्यक्त कइलें। एनडीए संसदीय दल के बैठक में उनकर परिचय प्रधानमंत्री मोदी करवलें।’

सर्वसम्मति से समर्थन करे के अपील

उ बतवलें, ‘परिचय के संगही प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी अपील कइले बाड़ें कि पूरा पार्टी आ सब दलन के सांसद एकजुट होके उपराष्ट्रपति चुनाव खातिर एनडीए के ओर से तय कइल गइल उम्मीदवार के सर्वसम्मति से समर्थन करे। सीपी राधाकृष्णन उपराष्ट्रपति पद खातिर एगो बहुते अच्छा नाम बाड़ें। सब केहू एकरा के स्वीकार कइले बाड़ें। उनका जिनगी में कवनो विवाद ना, कवनो भ्रष्टाचार ना, कवनो दाग ना, उ बहुते सादा जिनगी जियले बाड़ें आ खाली समाज आ देस खातिर काम कइले बाड़ें। जदि अइसन व्यक्ति देस के उपराष्ट्रपति बनत बा, तs ई देस खातिर बहुते खुसी के बात होई।’

सब केहू से बात कs रहल राजनाथ सिंह

रिजिजू कहलें कि राजनाथ सिंह सब केहू से बात कs रहल बाड़ें आ हमनी के चाहत बानी सs कि हमनी सब केहू मिलके उपराष्ट्रपति के चुनाव में राधाकृष्णन के सर्वसम्मति से समर्थन करीं सs आ ई हमनी खातिर बहुते उपयोगी होई। लोकतंत्र खातिर, हमनी के देस खातिर आ राज्यसभा के चलावहूं खातिर…।

Read Also : Asia Cup: 17 साल में पहिला बेर एशिया कप स्क्वॉड में ना खेली लो रोहित भा विराट, जानीं 2008 से केतना बदलल भारतीय टीम?

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-