के हs बी सुदर्शन रेड्डी? जिनका के I.N.D.I.A बनवलस उपराष्ट्रपति पद के उम्मीदवार, जानीं 5 बड़ बात

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 19, 2025

नई दिल्ली। 9 सितंबर के होखे वाला उपराष्ट्रपति पद के चुनाव बहुते दिलचस्प होखे वाला बा। एक तरफ एनडीए महाराष्ट्र के राज्यपाल सीपी राधाकृष्णन के उम्मीदवार बनवले बा तs ओहिजा विपक्षी इंडी गठबंधन सुप्रीम कोर्ट

Share

नई दिल्ली। 9 सितंबर के होखे वाला उपराष्ट्रपति पद के चुनाव बहुते दिलचस्प होखे वाला बा। एक तरफ एनडीए महाराष्ट्र के राज्यपाल सीपी राधाकृष्णन के उम्मीदवार बनवले बा तs ओहिजा विपक्षी इंडी गठबंधन सुप्रीम कोर्ट कोर्ट के पूर्व जज बी सुरदर्शन रेड्डी के नाम के घोषणा कs देलस। खास बात ई बा कि दुनो उम्मीदवार दक्षिण भारत से नाता रखेला लो।

सुदर्शन रेड्डी के नाम के फैसला कांग्रेस अध्यक्ष मल्लिकार्जुन खरगे के आवास पs भइल बैठक में लिहल गइल, जहां गठबंधन के नेता संयुक्त उम्मीदवार उतारे पs चरचा कइल लो की। जस्टिस (रिटायर्ड) रेड्डी का चार दशकन के प्रतिष्ठित कानूनी करिअर रहल बा।

जानीं दर्शन रेड्डी के बारे में पांच बड़ बात

  • बी सुदर्शन रेड्डी के जन्म 8 जुलाई 1946 के मवजूदा तेलंगाना के रंगारेड्डी जिले के तत्कालीन इब्राहिमपटनम तालुका के अकुला मायलाराम गांव में एगो किसान परिवार में भइल रहे।
  • उ 1971 में हैदराबाद के उस्मानिया यूनिवर्सिटी से लॉ के डिग्री हासिल कइलें आ आंध्र प्रदेश बार काउंसिल में एगो वकील के रूप में नामांकन करवलें। एकरा बाद आंध्र प्रदेश उच्च न्यायालय में रिट आ सिविल ममिलन में प्रैक्टिस कइलें।
  • बी सुदर्शन रेड्डी 1988 से 1990 के बीच आंध्र प्रदेश हाई कोर्ट में सरकारी वकील के रूप में काम कइले बाड़ें आ 1990 में कुछ समय खातिर केंद्र के अतिरिक्त स्थायी वकील के रूप में काम कइले बाड़ें। उ उस्मानिया विश्वविद्यालय के कानूनी सलाहकार आ स्थायी वकीलो रहलें।
  • उ 1995 में आंध्र प्रदेश उच्च न्यायालय के स्थायी न्यायाधीश बनलें। 2005 में उनका के गुवाहाटी हाई कोर्ट के चीफ जस्टिस नियुक्त कइल गइल। 2007 में उ सुप्रीम कोर्ट के जज बनलें आ 2011 में रिटायर भइलें।
  • मार्च 2013 में जस्टिस रेड्डी (रिटायर्ड) गोवा के पहिला लोकायुक्त बनलें। हालांकि, कुछे महीना बाद सितंबर में उ व्यक्तिगत कारणन से इस्तीफा दे देलें।

Read Also : CP Radhakrishnan : एनडीए संसदीय दल के बैठक में राधाकृष्णन के स्वागत; पीएम मोदी विपक्ष से कइलें समर्थन के अपील

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.