अब कोरोना के आवsता नवका वैरिएंट डेल्टाक्रॉन : ब्रिटेन में लउकल मामिला

Share

कोरोना वायरस के एगो नवका वैरिएंट दुनिया भर के डाक्टरन के चिंता में डार देहले बा। ए वैरिएंट के नाव् ह डेल्टाक्रॉन। ई डेल्टा अउर ओमिक्रॉन से मिल के बनल एगो हाइब्रिड स्ट्रेन ह, जेके सबसे पहिले साइप्रस के रिसर्चर्स पिछिलका महिन्ना खोजले रहनें। ओ समय त वैज्ञानिक सब एके लैब में भइल एगो तकनीकी गलती बुझले रहनें, लेकिन अब ब्रिटेन में एकर कुछ मामिला सामने आइल बा।

केतना खतरनाक बा ई वैरिएंट

ए वैरिएंट पs जाँच सुरुआती दरजा में बा। ब्रिटेन के डॉ. पॉल हंटर डेली मेल से बात करत बतवलस कि डेल्टाक्रॉन से हमनीं के ढेर खतरा नाइ होखे के चाहीं, काहेंसेकी ढेर लोग के वैक्सीन अउर बूस्टर डोज लग गइल बा। ब्रिटेन में डेल्टा अउर ओमिक्रॉन के खिलाफ पहिलही से इम्यूनिटी विकसित बा। फिलहाल ए वैरिएंट के लेके चिंता कइले आला कौनो बात नाइ बा।

 

साभार – दैनिक भास्कर

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-