Corona: देस में 15 दिन में 20 गुना भइल कोरोना के सक्रिय केस, आंकड़ा 5000 के पार, 24 घंटा में चार मौत

Share

सेंट्रल डेस्क। देस में कोरोना के सक्रिय ममिला 5000 के पार पहुंच गइल बा। 22 मई के ई आंकड़ा 275 रहे। अइसन में बीतल 15 दिन में कोरोना के सक्रिय ममिला 20 गुना हो गइल बा। केंद्रीय स्वास्थ्य मंत्रालय के आंकड़न के मोताबिक, भारत में सक्रिय कोरोना ममिलन में केरल सबसे जादे प्रभावित राज्य बनल बा। एकरा बाद गुजरात, पश्चिम बंगाल आ दिल्ली के नंबर बा।

राज्यन के दिहल गइल अहम निरदेस

ममिलन में बढन्ती के देखत केंद्र कोरोना खातिर तइयारियन के जांच करे खातिर मॉक ड्रिल कs रहल बा। सब राज्यन के कोविड के बढ़त ममिलन के देखत ऑक्सीजन, आइसोलेशन बेड, वेंटिलेटर आ जरूरी दवाइयन के उपलब्धता सुनिश्चित करे के निरदेस दिहल गइल बा। भारत में 5,364 सक्रिय ममिला बा। पिछला 24 घंटा में चार गो नया मौत दर्ज कइल गइल बा।

जनवरी से अभी ले देस में कुल 55 मौत

आधिकारिक सूत्रन के मोताबिक, अधिकांश ममिला हलुका भा बिना लक्षण वाला बा। एकर इलाज घर बइठलही कइल जा सकत बा, बस खुद के आइसोलेट कइला के जरूरत बा, ताकि दोसर लोगन तक ई ना फइले। कोरोना के वजह से एह साल जनवरी से अभी ले देस में कुल 55 मौत भइल बा। 22 मई के देश में कुल 257 सक्रिय मरीज रहे लोग।

अहम बैठक कइल गइल

एकरा पहिले 2 आ 3 जून के स्वास्थ्य सेवा महानिदेशक (DGHS) डॉ. सुनीता शर्मा के अध्यक्षता में आपदा प्रबंधन प्रकोष्ठ, आपातकालीन प्रबंधन प्रतिक्रिया (EMR) प्रकोष्ठ, राष्ट्रीय रोग नियंत्रण केंद्र (NCDC), भारतीय आयुर्विज्ञान अनुसंधान परिषद (ICMR), एकीकृत रोग निगरानी कार्यक्रम (IDSP), दिल्ली में केंद्र सरकार के अस्पतालन के प्रतिनिधियन आ सब राज्यन-केंद्र शासित प्रदेशन के प्रतिनिधियन के संगे मवजूदा कोरोना इस्थिति आ तइयारियन के मूल्यांकन करे खातिर तकनीकी समीक्षा बैठकन के एगो सीरीज आयोजित कइल गइल रहे।

बारीकी से कइल जा रहल बा निगरानी

4 जून के आधिकारिक सूत्र कहले रहे लोग कि IDSP के तहत राज्य आ जिला निगरानी इकाई इन्फ्लूएंजा जइसन बेमारी (ILI) आ गंभीर तीव्र श्वसन बीमारी (SARI) के बारीकी से निगरानी कs रहल बाड़ी सs। एगो आधिकारिक सूत्र कहले रहे कि दिशानिर्देशन के अनुसार सब भर्ती SARI ममिलन आ 5 प्रतिशत ILI ममिलन खातिर परीक्षण के सिफारिश कइल जाला। सकारात्मक SARI नमूनन के ICMR VRDL नेटवर्क के माध्यम से संपूर्ण जीनोम अनुक्रमण खातिर भेजल जाला।

Read Also: Team India: दु बेर के विश्व चैंपियन ई भारतीय क्रिकेटर लेलस संन्यास, भारत खातिर 2012 में खेलले रहे पिछलका मैच

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-