कोरोना के सक्रिय मरीज 1.35 लाख के पार, बीतल 24 घंटा में 16 हजार से बेसी मामला, 41 लोग के मौत

Share

कोरोना के सक्रिय मरीज 1.35 लाख के पार हो गइल बा। बीतल 24 घंटा में 16 हजार से बेसी मामला सोझे आइल बा। 41 लोग के मौत भी हो गइल।

देश में कोरोना के सक्रिय मरीजन के संख्या अभिन भी एक लाख से ऊपर बनल बा जौन कि चिंता के विषय बा। स्वास्थ्य मंत्रालय द्वारा जारी सोमवार ( 8 अगस्त) के आंकड़न के अनुसार देश में सक्रिय मरीजन के संख्या बढ़कर 1,35,510 हो गइल बा जौन कि कल के तुलना में 577 बेसी बा। उहवें बीतल 24 घंटा में कोरोना के 16,167 नया मामला सामने आइल बा अउर 15,549 लोग स्वस्थ भी भइलें। एह दौरान 41 मरीजन के जान भी चल गइल। महामारी के शुरुआत से लेके अब ले कुल 5,26, 730 लोग के मौत भइल बा।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-