देश में 12 अगस्त से कॉर्बेवैक्स वैक्सीन लगवा सकी लोग

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 11, 2022

नई दिल्ली : स्वदेशी कॉर्बेवैक्स वैक्सीन के बूस्टर डोज के केन्द्र सरकार के मंजूरी मिल गइल बा। 12 अगस्त से स्वास्थ्य केन्द्रन पs कॉर्बेवैक्स वैक्सीन उपलब्ध रही। एह संबंध में बुध के साँझ के केंद्रीय

Share

नई दिल्ली : स्वदेशी कॉर्बेवैक्स वैक्सीन के बूस्टर डोज के केन्द्र सरकार के मंजूरी मिल गइल बा। 12 अगस्त से स्वास्थ्य केन्द्रन पs कॉर्बेवैक्स वैक्सीन उपलब्ध रही। एह संबंध में बुध के साँझ के केंद्रीय स्वास्थ्य सचिव राजेश भूषण राज्यन के चिट्ठी लिखले बाड़े।

केन्द्र कहलस कि कॉर्बेवैक्स के एहतियाती खुराक कोविशील्ड भा कोवैक्सीन के दूसरका खुराक लेला के 6 महीना बाद लगावल जा सकेला। जवन लोग 18 साल भा ओकरा ऊपर के बा आ ऊ कोवैक्सीन भा कोविशील्ड दुनो में से कवन वैक्सीन के दूसरका डोज लेले होखे। ओकरा 6 महीना भा 26 सप्ताह पूरा होखला पs ओह लो के कॉर्बेवैक्स प्रिकॉशन डोज के रूप में दिहल जा सकत बा। केंद्र राज्यन से कहलस कि एह बारे में वैक्सीनेशन सेंटर आ स्वास्थ्यकर्मियों के जानकारी दिहल जाव।

केन्द्रीय स्वास्थ्य मंत्री डॉ. मनसुख मंडाविया ट्वीट कs के कहले कि जवन लोग 18 साल भा ओकरा ऊपर के बा आ उ कोवैक्सीन भा कोविशील्ड दुनों में से कवनो वैक्सीन के दूसरका डोज लेले होखे। ओकरा 6 महीना भा 26 सप्ताह पूरा होखला पs ओह लो के कॉर्बेवैक्स के एहतियाती डोज दिहल जा सकेला। केन्द्र सरकार के एह फसिला से टीकाकरण कार्यक्रम के आउर गति मिली। एकर शुरुआत 12 अगस्त के कइल जा रहल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.