Rajyasabha Election : कांग्रेस जारी कइलस छव उम्मीदवारन के लिस्ट, अभिषेक मनु सिंघवी सहित कइयन गो बड़ नाम सामिल

Share

सेंट्रल डेस्क। कांग्रेस पार्टी राज्यसभा चुनाव खातिर पांच राज्यन से छव गो उम्मीदवारन के नाम घोषित कइले बिया। तेलंगाना से पार्टी वरिष्ठ नेता अभिषेक मनु सिंघवी आ वेम नरेंद्र रेड्डी के मैदान में उतरले बिया। नरेंद्र रेड्डी तेलंगाना के मुख्यमंत्री के सलाहकार हवें। छत्तीसगढ़ से मवजूदा राज्यसभा सांसद आ आदिवासी नेता फूलो देवी नेताम के फेर से उम्मीदवार बनावल गइल बा।

हरियाणा से करमवीर सिंह बौद्ध, तमिलनाडु से क्रिस्टोफर तिलक आ हिमाचल प्रदेश से अनुराग शर्मा के टिकट मिलल बा। पार्टी अलग-अलग राज्यन में सामाजिक समीकरण के धेयान में रखत ई फैसला लेले बिया।

लगातार दूसरका बेर फूलो देवी के मवका 

54 बरिस के फूलो देवी नेताम छत्तीसगढ़ के कोंडागांव जिला से आवेली। ऊ लमहर समय से आदिवासी राजनीति में सक्रिय बाड़ी। कांग्रेस 2020 में उनका के पहिला बेर राज्यसभा भेजले रहे आ अब फेर से लगातार दूसरका बेर उम्मीदवार बनवले बिया।

हरियाणा में दलित चेहरा पs दांव

करमवीर सिंह बौद्ध हरियाणा में दलित समाज से आवेलें आ संगठन में लमहर समय से सक्रिय रहल बाड़ें। हिमाचल प्रदेश से अनुराग शर्मा नवहा चेहरा मानल जालें, जबकि तमिलनाडु से क्रिस्टोफर तिलक दक्षिण भारत में पार्टी के मजबूत करे में अहम भूमिका निभावत आइल बाड़ें।

16 मार्च के होई मतदान

दस राज्य के 37 सीटन पर 16 मार्च के मतदान होई। ओही दिन सांझ पांच बजे मतगणना होई। महाराष्ट्र, ओडिशा, तमिलनाडु, पश्चिम बंगाल, असम, बिहार, छत्तीसगढ़, हरियाणा, हिमाचल प्रदेश आ तेलंगाना से 37 सदस्यन के कार्यकाल अप्रिल में खतम होखे वाला बा। नामांकन दाखिल करे के आखिरी तारीख 5 मार्च बा, जांच 6 मार्च के होई आ 9 मार्च तक नाम वापसी हो सकेला।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-