सेंट्रल डेस्क। कांग्रेस अध्यक्ष मल्लिकार्जुन खरगे (Mallikarjun Kharge) के तबीयत बिगड़ गइल बा। खबर मिलल बा कि खरगे के बंगलूरू के एगो अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा। मीडिया रिपोर्ट के अनुसार, 83 बरिस के खरगे के एमएस रमैया अस्पताल, बंगलूरू में भर्ती कइल गइल बा। रिपोर्ट में कहल गइल बा कि खरगे के मंगर के दिन बोखार आ गोड़ में दर्द भइल, जवना के बाद उनका के अस्पताल में भर्ती करावल गइल। डॉक्टर लोग उनका स्वास्थ्य पs नजर राख रहल बा।
कांग्रेस अध्यक्ष के हालत इस्थिर
कांग्रेस नेता लोग कहत बा कि घबरइला के कवनो बात नइखे आ कांग्रेस अध्यक्ष के हालत इस्थिर बा। मल्लिकार्जुन खरगे भारतीय राजनीति के वर्तमान दौर के प्रमुख नेता लोगन में गिनल जाले।
अक्टूबर 2022 में ऊ कांग्रेस अध्यक्ष चुनल गइल रहे। मल्लिकार्जुन खरगे के 7 अक्टूबर के नागालैंड के कोहिमा जाये के कार्यक्रम बा, जहां ऊ एगो जनसभा में भाषण देवे वाला बाड़े। एह जनसभा में लगभग 10 हजार लोगन के मौजूदगी के उम्मीद रहे, बाकिर अब खरगे के तबीयत बिगड़ला के बाद उनका नगालैंड दौरा पs संशय के बादल मंडरा रहल बा।
Read Also: Railway New Rule : 1 अक्टूबर से लागू भइल नया रेलवे नियम; जान लीं यात्री लोगन के का-का होई फायदा