‘राम विरोधी हिया कांग्रेस…’ कर्नाटक सरकार अइसन का फैसला कइलख , की आगबबूला हो गइल बीजेपी

Share

Uproar Over Name Change: कर्नाटक सरकार रामनगर जिला के नाम बदल के बेंगलुरु साउथ करे के फैसला कइले बिया। भाजपा ए फैसला से नाराज हो गइल बिया आ केंद्रीय मंत्री प्रहलाद जोशी कहले कि ‘कांग्रेस राम विरोधी बिया’।

कर्नाटक सरकार रामनगर जिला के नाम बदल के बेंगलुरु साउथ करे के फैसला कइले बिया। मुख्यमंत्री सिद्धारमैया के अध्यक्षता में भइल मंत्रिमंडल के बैठक में ई फैसला लिहल गइल। भाजपा ए फैसला से नाराज हो गइल बिया आ केंद्रीय मंत्री प्रहलाद जोशी कहले कि ‘कांग्रेस राम विरोधी बिया’। जोशी कहले कि ‘एह से राम आ राम मंदिर से उनकर एलर्जी देखाई देता, उहो राम के नाम से।’ उनका बहुत एलर्जी बा। हमनी के राम मंदिर बनावत रहनी सs तबो ऊ लोग इहे करत रहले। बाकी रामनगर के नाम बदले के फैसला से कांग्रेस पार्टी आ कांग्रेस सरकार साबित कs देले बिया कि ऊ लोग राम के खिलाफ बा।

केंद्रीय मंत्री प्रहलाद जोशी कहले कि ‘केहू एकर मांग ना कइले रहे।’ सांसद मंजुनाथ भी लिखले रहले कि नाम ना बदले के चाही। बाकी ई काम वोट बैंक के राजनीति अउरी रियल एस्टेट के लालच खातीर होखता। सिद्धारमैया के कहनाम बा कि जब राम के बात होखे तs उनका नाम में राम बाड़े। जदी बा तs रउरा अइसन काहे करत बानी? हम एकर कड़ा निंदा करतानी आ ए प्रस्ताव के वापस लेवे के मांग करतानी, ना तs भाजपा एकर कड़ा विरोध करी आ स्थानीय इकाई एकरा खातीर आंदोलन करी।

एकरा से एक दिन पहिले कर्नाटक राज्य मंत्रिमंडल रामनगर जिला के नाम बदल के बेंगलुरु दक्षिण जिला राखे के मंजूरी दे दिहलस। राज्य के कानून आ संसदीय मामिला के मंत्री एच.के. पाटिल कहले कि राज्य मंत्रिमंडल रामनगर जिला के नाम बदल के बेंगलुरु दक्षिण जिला करे के मंजूरी देले बियापाटिल कहले कि आज के मंत्रिमंडल के बैठक में जिला के नाम बदल के बेंगलुरु दक्षिण करे के फैसला लिहल गइल। बैठक के तुरंत बाद मीडिया के संबोधित करत पाटिल कहले कि रामनगर निवासी आ निर्वाचित जनप्रतिनिधि के मांग के देखत ई फैसला लिहल गइल बा।

ऊ कहले कि ब्रांड बेंगलुरु के ध्यान में राखत मंत्रिमंडल रामनगर के विधायक के ओर से पेश प्रस्ताव के स्वीकार कs लेले बिया। पाटिल एह बात पर जोर दिहलन कि ई बदलाव जिला के नाम तक सीमित बा आ जिला के भीतर के तालुका पर एकर कवनो असर ना पड़ी। ऊ साफ कइले कि राजस्व विभाग ए बदलाव के सूचना देवे के प्रक्रिया शुरू करी, जवना के असर खाली जिला के नाम पs पड़ी।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-