नगर आयुक्त अविनाश सिंह के ओर से सफाई कार्य के निगरानी अउर औचक निरीक्षण के बावजूद सफाई कर्मचारियन के नदारद रहले के स्थिति में सुधार नाइ हो रहल बा। मंगर के भी निरीक्षण के दौरान 478 सफाई कर्मचारी अनुपस्थित मिललें। एह सफाई कर्मचारियन के एक दिन के वेतन करीब 1.75 लाख रुपया नाइ दिहल जाई।
पिछले छह दिन में नगर आयुक्त चार बेर औचक निरीक्षण करवलें, जेमें हर बेर सैकड़न के संख्या में सफाई कर्मी अनुपस्थित मिलल बानें। मंगर के भइल औचक जांच में नगर निगम के सब 10 जोन में 478 सफाई कर्मी अनुपस्थित रहनें।
जांच में जोन संख्या 1 में 30, जोन संख्या 2 में 57, जोन संख्या 03 में 48, जोन संख्या 04 में 44, जोन संख्या 05 में 49, जोन संख्या 06 में 45, जोन संख्या 07 में 58, जोन संख्या 08 में 66, जोन संख्या 09 में 36 और जोन संख्या 10 में 45 सफाई कर्मचारी अनुपस्थित रहनें।
नगर आयुक्त एह कर्मियन के मंगर के वेतन रोके खातिर जोनल अधिकारी अउर सफाई निरीक्षकन के निर्देशित कइलें। एह 478 सफाई कर्मचारियन के एक दिन के वेतन लगभग 1.75 लाख रूपया बा।
गोरखपुर नगर आयुक्त अविनाश सिंह कहनें कि सब जोनल अधिकारी अउर सफाई निरीक्षकन के निर्देश बा कि वार्ड में अनुपस्थित सफाई कर्मचारियन के मस्टररोल में उपस्थित दिखा के वेतन निकलवावे वालन पर कड़ कार्रवाई कइल जाव। अइसे में सुपरवाइजर, मेठ अउर सफाई निरीक्षकन के तत्काल चिह्नित कइल जाव।
Comments are closed.