नई दिल्ली। नया वित्तीय साल के पहिला दिने आम जनता आ बेयपारी लोग के महंगाई के जोरदार झटका लागल बा। तेल कंपनी बुध के दिन कमर्शियल एलपीजी (19 किलो) सिलिंडर के दाम में 195.50 रुपिया के भारी बढन्ती कs देले बाड़ी सs। ई बढ़न्ती वैश्विक स्तर पs कच्चा तेल के दाम बढ़ला के कारण कइल गइल बा।
बाजार विशेषज्ञन के मोताबिक, पश्चिम एशिया में बढ़त सैन्य संघर्ष आ अस्थिरता के चलते दुनियाभर में तेल के कीमत तेजी से बढ़ल बा। एह वैश्विक दबाव के कारण घरेलू स्तर पs गैस के दाम बढ़ावे के पड़ल बा।
दिल्ली में नया रेट
सरकारी तेल कंपनियन के ताजा आंकड़ा के अनुसार, देस के राजधानी दिल्ली में अब 19 किलो वाला कमर्शियल एलपीजी सिलिंडर के कीमत 2,078.50 रुपिया हो गइल बा। एकरा से पहिले 1 मार्च के 114.5 रुपिया के बढ़न्ती भइल रहे। मतलब खाली एक महीना में बेयपारिक गैस के दाम 300 रुपिया से जादे बढ़ गइल बा।
खाना-पीना महंगा हो सकेला
कमर्शियल गैस महंगा होखे से रेस्टोरेंट, ढाबा आ कैटरिंग बिजनेस से जुड़ल लोगन के खरचा बढ़ जाई। एकरा से अंदाजा लगावल जा रहल बा कि आवे वाला दिनन में बाहर खाना आ खाद्य सामान के दामो बढ़ सकेला। हालांकि, घरेलू रसोई गैस (14.2 किलो) के कीमत में फिलहाल कवनो बदलाव नइखे कइल गइल।
Read Also: 01 अप्रिल 2026 के राशिफल








