मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ आज मंगर के दु दिनन के दौरा पs गोरखपुर अइहें। सीएम इहां मदन मोहन मालवीय इंजीनियरिंग कॉलेज में बनल नया प्रशासनिक भवन के लोकार्पण करिहें। एकरा संगही ऊ गोरखनाथ मंदिर में आयोजित सात दिवसीय कथा में सामिल होइहें।
दरअसल, ब्रह्मलीन महंत दिग्विजयनाथ के 54वीं आ ब्रह्मलीन महंत अवेद्यनाथ के 9वीं पुण्यतिथि के अवसर पs गोरखनाथ मंदिर में सात दिवसीय श्रद्धांजलि समारोह के आयोजन कइल जा रहल बा। ई आयोजन 27 सितंबर से 3 अक्टूबर तक चली। ओहिजा, आज माने कि मंगर के श्रद्धांजलि समारोह के अंतर्गत सात दिवसीय ‘श्रीमद्भागवत महापुराण कथा ज्ञान-यज्ञ’ के सुभारंभ होगा। ई कथा गोरखनाथ मंदिर इस्थित महंत दिग्विजयनाथ स्मृति भवन मे 2 अक्टूबर तक चली।
मंदिर में निकली शोभायात्रा
एमे व्यासपीठ पs वृन्दावन मथुरा से पधारल कथाव्यास भागवत भास्कर श्रीकृष्णचन्द्र शास्त्री (ठाकुर जी) के मुखारविंद से कथा अमृत के वर्षा होई। संगही कथा सुरू होखे से पहिले गोरक्षपीठाधीश्वर महंत योगी आदित्यनाथ प्रतिष्ठित धर्माचार्य, संत/महंत आ यजमानगण के संगे अपराह्न 02.30 बजे अखंड ज्योति आ श्रीमद्भागवत महापुराण कथा ज्ञान-यज्ञ के भव्य शोभायात्रा निकालल जाई। ई शोभायात्रा गोरखनाथ मंदिर गर्भगृह से दिग्विजयनाथ स्मृति भवन कथा स्थल तक जाई।
बिहान पर्यटन दिवस के कार्यक्रम में सामिल होइहें सीएम
एकरा अलावे बुध के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ ‘विश्व पर्यटन दिवस’ के मवका पs पर्यटन विभाग द्वारा आयोजित कार्यक्रम में शिरकत करिहें। ई आयोजन प्रेक्षागृह सभागार में होई। सीएम योगी इहवां से ‘विश्व पर्यटन दिवस’ पs प्रदेश भर में होखे वाला आयोजन के सुरूआत करिहें। हालांकि, सीएम के आगे के कार्यक्रम अभी तय नइखे। बाकिर, उम्मीद बा कि एह कार्यक्रम में सामिल होखला के बाद बुध के मुख्यमंत्री वापस लखनऊ खातिर रवाना हो जइहें।