‘जवन बोइब उहे काटेंब’, पेपर लीक मामिला में सीएम योगी अफसरन के दिहले नसीहत

Share

 

उत्तर प्रदेश में सरकारी परीक्षा के प्रश्नपत्र लीक होखला के चलते युवा लोग में कुंठा के माहौल बा। अब सीएम योगी आदित्यनाथ एह मामिला में कड़ा रुख अपना लिहले बाड़न। सीएम योगी अफसरन के बतवले बाड़न कि राउर नियुक्ति समाधान खातिर भइल बा समस्या खातिर ना। अधिकारी लोग के कड़ा निर्देश देत योगी आदित्यनाथ इशारा के माध्यम से एगो बड़ बात कहले बाड़े। अफसरन से कहे के बा कि जवन बोइब उहे काटेंब।

उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ साफ चेतावनी जारी कs कहले बाड़न कि परीक्षा से खेले वालन के सरकार ना छोड़ी, ओह लोग के खिलाफ कार्रवाई शुरू हो चुकल बा। सीएम योगी छात्रन के भरोसा दिअवले बाड़न कि हमनी के केहू के युवा के भविष्य से खेले ना देब जा। पेपर लीक में शामिल आरोपी के बारे में उs कहले कि उs लोग कतनो देर तक लुकाईल रहस, हमनी के ओ लोग के खोज लेब जा।

 

 

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-