सीएम एकनाथ शिंदे के सांसद बेटा पs महाकाल मंदिर के नियम तुड़ले के आरोप

महाकाल

Share

 

 

 

महाराष्ट्र के मुख्यमंत्री एकनाथ शिंदे के सांसद बेटा श्रीकांत शिंदे पs मध्य प्रदेश के उज्जैन में महाकाल मंदिर के नियम तुड़ले के आरोप लागल बा। श्रीकांत शिंदे पs प्रतिबंध के बावजूद पत्नी अवुरी दु साथी के संगे गर्भगृह में जाके पूजा करे के आरोप बा। जब एs मामला पs हंगामा बढ़े लागल तs प्रशासन कहलस कि एs मामला में उचित कार्रवाई करीहे अवुरी केहु के दोषी पावल गईल तs उनुका के ना छोड़ल जाई।

महाकाल दर्शन खातिर उज्जैन आइल श्रीकांत शिंदे आ उनकर साथी लोग के मंदिर गर्भगृह में घुसे के फोटो आ वीडियो सामने आइल बा. जानकारी के मुताबिक इs सभ (सांसद श्रीकांत शिंदे, उनुकर पत्नी अवुरी दु लोग) सांझ 5.38 बजे गर्भगृह में प्रवेश करत देखाई देले। ई चारो देवता महाकाल के अलंकरण के समय शिवलिंग के पास बइठ के पूजा कइले बाड़े। सोशल मीडिया पs भी ई वीडियो वायरल हो रहल बा।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
- Sponsored Ads-