दूसरा बेर हरियाणा के CM बनले नायब सिंह सैनी, अनिल विज बनले मंत्री

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 17, 2024

    नायब सिंह सैनी के दूसरा बेर हरियाणा के मुख्यमंत्री के ताज पहनावल गईल बा। पंचकूला के शालीमार मैदान में आयोजित शपथ ग्रहण समारोह में राज्यपाल बंडारू दत्तात्रेय उनुका के पद अवुरी गोपनीयता के

Share

नायब सिंह सैनी मुख्यमंत्री पद के शपथ लिहले

 

 

नायब सिंह सैनी के दूसरा बेर हरियाणा के मुख्यमंत्री के ताज पहनावल गईल बा। पंचकूला के शालीमार मैदान में आयोजित शपथ ग्रहण समारोह में राज्यपाल बंडारू दत्तात्रेय उनुका के पद अवुरी गोपनीयता के शपथ देले। एह दौरान खुद प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी समेत भाजपा के वरिष्ठ नेता अवुरी मुख्यमंत्री भाग लिहले। अनिल विज समेत 13 विधायक मंत्री के शपथ ले रहल बाड़े। मानल जाता कि सैनी के मंत्रिमंडल में जाति समीकरण के पूरा ध्यान राखल जाई। एह मौका पs पीएम मोदी, केंद्रीय मंत्री राजनाथ सिंह, अमित शाह अवुरी भाजपा अवुरी एनडीए के सहयोगी दल के शासित राज्य के मुख्यमंत्री मौजूद बाड़े। एह शपथ ग्रहण कार्यक्रम में हजारन लोग भाग लिहले बा.

रणबीर गंगवा भी मंत्री बनले

रणबीर गंगवा बरवाला सीट से बीजेपी विधायक हउऐ। उs विधानसभा के उपसभापति भी रहल बाड़े। रणबीर गंगवा 2014 में पहिला बेर नलवा सीट से विधायक बनले। उs तीन बेर विधायक रहल बाड़े।

श्याम सिंह राणा कैबिनेट मंत्री के शपथ लेले

हरियाणा में भाजपा के एगो महत्वपूर्ण राजपूत चेहरा श्याम सिंह राणा कैबिनेट मंत्री के शपथ लेले बाड़े। उs 2014 में भाजपा से विधायक बनले बाकिर 2019 में उनुका के टिकट ना दिहल गईल। 2020 में किसान विधेयक के लेके उs भाजपा छोड़ देले। यमुनानगर के रदौर सीट से विधायक श्याम सिंह आईएनएलडी में रहल बाड़े।

नायब सिंह सैनी सीएम के शपथ लेले

नायब सिंह सैनी दूसरा बेर हरियाणा के मुख्यमंत्री बनल बाड़े। राज्यपाल बंडारू दत्तात्रेय उनुका के पद अवुरी गोपनीयता के शपथ देले।

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.