Delhi CM: आतिशी बनली दिल्ली के नया मुख्यमंत्री, केजरीवाल के गोड़ छूके लिहली आशीर्वाद

आतिशी बनली दिल्ली के नया मुख्यमंत्री: फोटो

Share

 

आम आदमी पार्टी के नेता आतिशी के दिल्ली के नयका मुख्यमंत्री के शपथ लिहल गइल बा. आतिशी देश के 17वीं महिला मुख्यमंत्री बन गइल बाड़ी आ सुषमा स्वराज आ शीला दीक्षित के बाद दिल्ली के तीसरकी महिला मुख्यमंत्री बन गइल बाड़ी. आतिशी के संगे पांच अवुरी मंत्री भी शपथ लेले बाड़े। एहमें गोपाल राय, कैलाश गहलोत, सौरभ भारद्वाज, इमरान हुसैन आ नया सदस्य मुकेश अहलावत शामिल बाड़े.

आतिशी केजरीवाल के गोड़ छू के लिहली आशीर्वाद

आतिशी दिल्ली के मुख्यमंत्री के शपथ लेले बाड़े। शपथ लेला के बाद आतिशी आम आदमी पार्टी के संयोजक अरविंद केजरीवाल के गोड़ छू के उनुकर आशीर्वाद लेली। एह दौरान दिल्ली के उपराज्यपाल वीके सक्सेना भी अरविंद केजरीवाल के बगल में खड़ा रहले।

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-