तेजस्वी यादव के बिहार सरकार पऽ जोरदार हमला,नीतीश कुमार पऽ लगवले आरोप

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 22, 2024

नेता प्रतिपक्ष तेजस्वी यादव बिहार में बढ़त अपराध के लेके सरकार पs कड़ा हमला कइले। उऽ मुख्यमंत्री नीतीश कुमार पs बहुत गंभीर आरोप लगवले बाड़े। दरअसल शनिचर के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार अपराध नियंत्रण के लेके

Share

नेता प्रतिपक्ष तेजस्वी यादव बिहार में बढ़त अपराध के लेके सरकार पs कड़ा हमला कइले। उऽ मुख्यमंत्री नीतीश कुमार पs बहुत गंभीर आरोप लगवले बाड़े। दरअसल शनिचर के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार अपराध नियंत्रण के लेके सीएम आवास पs हाई लेबल मीटिंग बोलवले रहले। अपराध नियंत्रण के लेके एह हाई लेबल वाला बइठक में ना तऽ मुख्य सचिव, ना डीजीपी, ना एडीजी भाग लिहले। अब विपक्ष एही संबंध में सवाल खड़ा कर रहल बा। विपक्ष के आरोप बा कि सरकार आम जनता के सुरक्षा के लेके गंभीर नइखे।

एह बइठक के लेके गंभीर सवाल उठावल जा रहल बा

बिहार में रोज होखत हत्या, डकैती आ दुष्कर्म जइसन घटना के लेके विपक्ष सरकार पs हमला जारी बा। नेता प्रतिपक्ष तेजस्वी यादव मुख्यमंत्री के बइठक के फोटो शेयर करत एक्स पs हमला कइले। तेजस्वी यादव के कहनाम बा कि खाली खाना परोसला से कुछुओ ना होखे वाला बा। अगर मुख्यमंत्री अपराध नियंत्रण के लेके कवनो बैठक करावेले अउरी ओ बइठक में मुख्य सचिव, डीजीपी अवुरी एडीजी मौजूद नइखन तऽ अइसन बैठक के कवनो औचित्य नइखे। तेजस्वी यादव मुख्य सचिव, डीजीपी आ एडीजी के बइठक में ना आवे पs सवाल उठवले बाड़े। तेजस्वी यादव कहले बाड़न कि एनडीए सरकार बिहार के जनता के जान से खेलत बिया।

हर मुलाकात के बाद अपराध बढ़ जाला

तेजस्वी ट्विटर प लिखले कि, ‘हर बेर मुख्यमंत्री खाली कानून व्यवस्था पs उच्च स्तरीय समीक्षा बइठक करावे के औपचारिकता पूरा करेले। नीतीश जी के कबूलनामा बा कि राज्य में अइसन हर समीक्षा बइठक के बाद अपराध अउरी बढ़ जाला, काहेंकी अधिकारी आ अपराधियो अइसन धूमधाम से होखेवाला बइठक के वास्तविकता के जानते बाड़े। अधिकारी इहो जानत बाड़े कि जब विपक्ष के दबाव बढ़ेला तऽ मुख्यमंत्री अचानक देखावे आ औपचारिकता खातिर अइसन बैठक बोलावेले। उऽ आगे लिखले कि, अइसन समीक्षा बैठक के का फायदा आ औचित्य बा, जवना में राज्य के डीजीपी, मुख्य सचिव अउरी एडीजी तक मौजूद नइखन।शीर्ष अधिकारी के अनुपस्थिति से पता चलता कि मुख्यमंत्री कानून व्यवस्था प केतना गंभीर बाड़े। उ कहले कि, ‘एनडीए सरकार अपराधी के रक्षा आ पोस के बिहार के जनता के जान से खेलतिया।’

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.