Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

सूखा खांसी के रामबाण इलाज हs लौंग, अइसे इस्तेमाल करीं जल्दी गायब हो जाई पुरान खांसी

876
Google Ads 300*250 for posts

 

कई बेर दवाई के उs असर ना होखेला जवन कि बहुत घरेलू दवाई के होखेला। खास तौर पs खांसी के ठीक करे खातीर बहुत कारगर उपाय बा। सूखा अवुरी पुरान खांसी से छुटकारा पावे खातीर लौंग के इस्तेमाल करीं। लौंग के शहद में मिला के खईला से सूखल अवुरी गीला खांसी से तुरंत राहत मिलेला। लइका भी एकरा के चाट सकेलें। खांसी खातिर लौंग के इस्तेमाल करे के तरीका जानीं।

शहद अवुरी लौंग खांसी के एकदम अचूक उपाय

अगर खांसी बा तs शहद अवुरी लौंग एकर सही उपाय बा। लगभग 7-8 लौंग लेके गरम कड़ाही में हल्का से भूंज लीं। जब लौंग ठंडा हो जाई तs चकला बेलन के इस्तेमाल से पीस के पाउडर बनाईं। अब एह कटोरी में डाल के 3-4 चम्मच शहद मिला लीं। एकरा के गरम कड़ाही पd रख के तनी गरम कर लीं। अब सबेरे, साँझ आ दुपहरिया में एक-एक चम्मच खाईं। एकरा से खांसी से तुरंत राहत मिली। खाली 2-3 दिन तक खाना खईला से आपके अंतर देखाई देवे लागी। ध्यान रहे कि एकरा बाद आधा घंटा तक पानी ना पिए के पड़ेला।

लौंग खाए के फायदा

•लौंग में एंटी-इन्फ्लेमेट्री गुण होखेला जवन कि सूजन के कम करेला। गठिया में लौंग बहुत फायदेमंद होखेला।

•लौंग में यूजेनॉल नाम के एगो एंटीऑक्सीडेंट होखेला जवन कि फ्री रेडिकल्स, हार्ट, डायबिटीज अवुरी कैंसर के खतरा के कम करेला।

•लौंग पेट के अल्सर के कम करेला अवुरी पेट के आस्तर के रक्षा करेला।

•जाड़ा में लौंग खईला से बलगम गाढ़ हो जाला अवुरी बलगम के हटावे में मदद मिलेला।

•लौंग पेट फूलल, गैस अवुरी पाचन संबंधी समस्या के दूर करे में मदद करेला।

•लौंग में बहुत एंजाइम होखेला जवन कि पाचन के बढ़ावा देवे में मदद करेला।

•लौंग ओरल हेल्थ खातीर बहुत फायदेमंद होखेला। लौंग के इस्तेमाल मसूड़ा के बेमारी,प्लाक भा बायोफिल्म से बचावे खातिर कइल जाला।

 

 

849870cookie-checkसूखा खांसी के रामबाण इलाज हs लौंग, अइसे इस्तेमाल करीं जल्दी गायब हो जाई पुरान खांसी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.