Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Chirag Paswan : ‘पोलिंग एजेंट ले…’, RJD विधायक चिराग के लेके दिहले बवाल मचावे वाला बयान, सियासी पारा हाई

91

Bihar Politics News महुआ विधानसभा से राजद विधायक मुकेश रौशन  चिराग पासवान के लेकर बड़ भविष्यवाणी कर देले बाड़े। उऽ मतदान करे के बाद चिराग के जमके घेरले। एही बीच उऽ चिराग के लेके कहले जवना पs सियासत तेज हो सकऽता। उऽ कहले कि चिराग के बूथ पs पोलिंग एजेंट तक ना मिलत रहे।

हाजीपुर में मतदान करे बाद महुआ विधायक मुकेश रौशन मीडिया से बातचीत करत घरी कहले कि हाजीपुर लोकसभा सीट पs चिराग पासवान कहीं टक्कर में नइखन। पिछला 47 साल में एके परिवार के हाजीपुर पs कब्जा रहल बा।

उऽ कहले कि हाजीपुर के रोड, सीवरेज सिस्टम, स्टेडियम के बुरा हाल बा। हाजीपुर में चिराग चुनाव हार रहल बाड़े। चारों ओर के रुझान आ रहल बा। शिवचंद्र राम के पक्ष में मतदान हो रहल बा। हाजीपुर में चिराग बुत गइल। हाजीपुर सीट के कई गो मतदान केंद्रों पs चिराग पासवान के पोलिंग एजेंट ले नइखे मिलल।

का कहले जदयू प्रदेश अध्यक्ष?

महनार में मतदान करे के बाद जदयू प्रदेश अध्यक्ष उमेश कुशवाहा कहले कि बिहार में भइल सब पांच चरण के चुनाव में लोग प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आ मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के जोड़ी के देख के वोट कइले बा। सब जगह विकास के नांव पs लोग वोट कर रहल बा।

ई चुनाव लोकतंत्र बनाम परिवार तंत्र आ विकास बनाम विनाश के लड़ाई बा। तेजस्वी यादव के रोजगार देवे के सवाल पs उमेश कुशवाहा कहले कि तेजस्वी यादव के माता-पिता 15 बरिस के शासन काल के एको भा पिछला 17 महीना में अपना पांच मंत्रालय के एको गो उपलब्धि बतावस।

18 बरिस के शासनकाल में विकास भइल – जदयू

Bihar News उऽ कहले कि ई तऽ हमनी के नेता नीतीश कुमार के देन बा कि 18 बरिस के शासनकाल में विकास भइल आ विपक्ष आपन उपलब्धि बता रहल बा। नीतीश कुमार 10 लाख नौकरी आ 10 लाख रोजगार देवे के वादा कइले, ओही के ऊपर काम कइल जा रहल बा।

जदयू नेता कहले कि हमनी के नेता समाज में जाति धर्म से ऊपर उठ के विकास के काम कइले बाड़न। बिहार के जनता नरेंद्र मोदी आ नीतीश कुमार के झोली में 40 सीट डाले के काम करी। हाजीपुर सीट पs चुनाव हो रहल बा इहाँ तऽ चिराग पासवान के जीत के खाली औपचारिक घोषणा बाकी बा ।

उऽ कहले कि बहुत बड़ अंतराल से चिराग पासवान इहाँ चुनाव जीतिहें। जवना समीकरण पs तेजस्वी के माता-पिता 15 साल ले राज कइले। ओकरा के विपक्ष के समीकरण कहल जाला आ दू गो बेटी के खुदे चुनाव लड़ा रहल बाड़े।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.